Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UPSC Result 2023: गोरखपुर के नौशीन बिना कोचिंग के हासिल कइली 9वां रैंक, कहली- लक्ष्य बना के करी पढ़ाई, मत गिनी घंटा 

519

UPSC Result 2023 संघ लोक सेवा आयोग (यूपीएससी) द्वारा घोषित सिविल सेवा परीक्षा-2023 के अंतिम परिणाम में अबकियो छोट शहरन के युवा लो सर्वोच्च स्थान पऽ आपन उपस्थिति दर्ज करवले बा। ई लोग इहो देखा देलस कि जदि संकल्प दृढ़ होखे तऽ कवनो लक्ष्य के आसानी से प्राप्त कइल जा सकत बा। आई जान जाव सफलता के कहानी…

कवनो प्रतियोगी परीक्षा में सफलता खातिर पढ़ाई के घंटा गिने के जरूरत ना होला। लक्ष्य के मोताबिक पढ़ाई करे के जरूरत होला। लक्ष्य से पढ़ाई के घंटा तय होला। सिविल सेवा परीक्षा में नौवीं रैंक हासिल करे वाली गोरखपुर (उप्र) के नौशीन खुदे अइसन कइली।

आपन उपलब्धि के कहानी मीडिया से साझा करत दौरान उऽ इहे सलाह वो अभ्यर्थियन के देली, जे ए परीक्षा के जरिये अपना लक्ष्य के हासिल करे में जुटल बा। नौशीन बतवली कि उनका ई सफलता चउथा प्रयास में मिलल बा। पहिलका दू प्रयास में उऽ साक्षात्कार तक ना पहुंच सकली।

तीसरका प्रयास में जब प्रारंभिक परीक्षा में फेल भइली तऽ निराशा के स्थिति बनल, बाकिर तब उऽ हार ना मानत एक बेर फेर से उत्साह के साथे लक्ष्य साधे में जुट गइली आ चउथा प्रयास में अब टापरन के सूची में शामिल हो गइली।

मूल रूप से कुशीनगर के पिपरा कनक गांव के मठिया टोला के रहे वाली नौशीन के शिक्षा गोरखपुर के रैंपस स्कूल से भइल। दिल्ली विश्वविद्यालय के एसजी टीबी खालसा कालेज से स्नातक कइला के बाद उऽ सिविल सेवा परीक्षा के तैयारी में जुट गइली।

नौशीन बतवली कि उनका ए बात के काफी खुशी बा कि उऽ ई सफलता बिना कवनो कोचिंग के खुद से बनावल अध्ययन रणनीति से हासिल कइले बाड़ी। उऽ सिविल सेवा परीक्षा के तैयारी में जुटल भावी अभ्यर्थियन के इहे टिप्स देली कि खुद के रणनीति बना के प्रतियोगी परीक्षा के तइयारी कइल जाव, काहेकि हर केहू के आपन क्षमता आ शैली होला।

प्रारंभिक आ मुख्य परीक्षा के तैयारी के तरीका के सवाल पऽ नौशीन बतवली कि एकरा खातिर उऽ अध्ययन के कबो विश्राम ना देली आ  एकरा के लेके खुद के बनावल रणनीति पऽ भरोसा कइली।

साक्षात्कार से जुड़ल अनुभव साझा करत नौशीन बतवली कि उनका से ज्यादातर प्रश्न उनका ऐच्छिक विषय इतिहास से पूछल गइल। इतिहास में बदलाव के अवसर मिले तऽ का बदले के चहबू ? ए प्रश्न के उत्तर में उऽ इतिहास के पन्ना से युद्ध आ औपनिवेशिक व्यवस्था हटावे के इच्छा जतवली।

आकाशवाणी के सहायक निदेशक (अभियांत्रिक) अब्दुल कयूम के बेटी नौशीन आपन सफलता के श्रेय मां जेबा खातून, बहन नगमा आ भाई अकरम के देली हऽ। नौशीन बतवली कि उनका सफलता मिले के पूरा उम्मीद रहे, बाकिर नौवीं रैंक हासिल के लेके उऽ आ परिवार उत्साहित बा।

साभार – जागरण

792630cookie-checkUPSC Result 2023: गोरखपुर के नौशीन बिना कोचिंग के हासिल कइली 9वां रैंक, कहली- लक्ष्य बना के करी पढ़ाई, मत गिनी घंटा 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.