पटना। बिहार विधानसभा में मानसून सत्र के दौरान आज बियफे के हंगामा भइल बा। सदन के कार्यवाही सुरू होखतही बीजेपी विधायक श्याम बाबू प्रसाद यादव आ कुछ आउर विधायक वेल में पहुंचल लोग आ बाद में महागठबंधन के विधायक वेल में पहुंच गइल लो। एकरा बाद, दूनो पक्षन के बीच तीखा नोकझोंक होखे लागल आ हाथापाई के नौबत आ गइल बाकिर मार्शल बीच-बचाव कs इस्थिति संभाल लेले। फेर, सदन के दूपहरिया दू बजे तक स्थगित कs दिहल गइल।
गाड़ी पs अटैक के विरोध करत रहलें BJP विधायक
दरअसल, BJP विधायक श्याम बहादुर बीतल बुध के अपना गाड़ी पs भइल कथित अटैक आ तोड़फोड़ के लेके विरोध जतावत रहलें। ऊ विधानसभा में एह ममिला के उठावे के कोसिस कइलें। एही मुद्दा के लेके बीजेपी एमएलए वेल में पहुंचल रहे लो। बा दीं कि बीतल 22 जुलाई के पटना में छात्रन के प्रदर्शन उग्र रूप ले लेले रहे। एह दौरान, प्रदर्शनकारियन के पुलिस से झड़प हो गइल रहे। आंसू गैस आ वाटर कैनन के इस्तेमालो करे के पड़ल रहे।
सदन में विधायकन के बीच आइल हाथापाई के नौबत
बीजेपी के विरोध करत देख महागठबंधन के विधायको सदन में विधानसभा अध्यक्ष के सामने बनल वेल में पहुंच गइल लो। फेर, दूनो पक्ष आमने-सामने हो गइल आ एक-दूसरा के खिलाफ जमके नारेबाजी करे लागल लो। एकरा बाद, सदन में माहौल एतना जादे गरम हो गइल कि ओह विधायकन के बीच धक्का-मुक्की जइसन इस्थिति बन गइल। हालांकि, बिहार विधानसभा के मार्शल लोग तुरंत हस्तक्षेप कइल आ दूनो पक्षन के अलग कs दिहल, जवना से कवनो तरे के कवनो अप्रिय घटना ना भइल।
हंगामा के कारण बिहार विधानसभा में प्रश्नकाल आ आउर विधायी कामन पs असर पड़ल बा। हंगामा के दौरान, बिहार विधानसभा अध्यक्ष लगातार बेवस्था बना के रखे के आह्वान कइलें, बाकिर जब विधानसभा में शोर-शराबा ना थमल तs ऊ विधानसभा के कार्यवाही के दुपहरिया 2 बजे तक स्थगित करे के निर्णय लेलें।
पक्ष आ विपक्ष दूनो एक-दूसरा पs लगवलस आरोप
गौर करे वाला बात बा कि विधानसभा परिसर में सियासी माहौल गरम रहल। दूनो पक्षन के विधायक एक-दूसरा पs लोकतांत्रिक मर्यादा के तार-तार करे के आरोप लगावत नजर आइल। विपक्ष पs बीजेपी विधायक सियासी हिंसा आ प्रेशर पॉलिटिक्स करे के आरोप लगावल लोग, जबकि महागठबंधन के लीडर्स बीजेपी पs विधानसभा के कार्यवाही के बाधित करे के आरोप लगावल।









