UPPSC RO/ARO Exam: आरओ/एआरओ प्री परीक्षा के डेटशीट जारी, जानीं कब होई परीक्षा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 20, 2025

उत्तर प्रदेश के आरओ/एआरओ परीक्षा के तइयारी करे वाला अभ्यर्थियन खातिर एगो खुशखबरी बा. असल में यूपी आरओ/एआरओ प्री एग्जाम 2023 के तारीख के घोषणा हो गईल बा।  ई परीक्षा 27 जुलाई के एक पाली

Share

UPPSC RO/ARO Exam

उत्तर प्रदेश के आरओ/एआरओ परीक्षा के तइयारी करे वाला अभ्यर्थियन खातिर एगो खुशखबरी बा. असल में यूपी आरओ/एआरओ प्री एग्जाम 2023 के तारीख के घोषणा हो गईल बा।  ई परीक्षा 27 जुलाई के एक पाली में करावल जाई।  ई परीक्षा एके दिन, एके सत्र में करावल जाई.  ई परीक्षा राज्य के सगरी 75 जिला में सबेरे साढ़े नौ बजे से दुपहरिया 12.30 बजे ले करावल जाई.  बता दीं कि यूपीपीसीएस एह परीक्षा के डेटशीट जारी कइले बा.  परीक्षा नियंत्रण हर्ष देव पाण्डेय एकरा खातिर अधिसूचना जारी कइले बाड़न.  बता दीं कि ई परीक्षा यूपी लोक सेवा आयोग एके दिन आ एके पाली में करावल जाई.  जानकारी खातिर बता दीं कि 13 महीना बाद आयोग एह परीक्षा के नया तारीख जारी कs दिहले बा. 11 फरवरी 2024 के पूर्व परीक्षा के दौरान पेपर लीक होखला के बाद प्रशासन के ओर से इs परीक्षा रद्द कs दिहल गईल। 

परीक्षा स्थगित कs दिहल गइल

बता दीं कि पहिले जब आरओ/एआरओ परीक्षा होखत रहे तs परीक्षार्थी लोग के पेपर लीक के शिकायत रहे।  ओने उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग अभ्यर्थियन के मांग के स्वीकार करत बियफ़ें के समीक्षा अधिकारी (आरओ) अवुरी सहायक समीक्षा अधिकारी (एआरओ) के परीक्षा स्थगित कs देलस अवुरी पुरनका पैटर्न पs प्रांतीय सिविल सेवा (पीसीएस) – प्रारंभिक परीक्षा करावे के घोषणा कईलस।  आयोग आरओ आ एआरओ परीक्षा खातिर समिति बनावे के एलान भी कइलस। 

उम्मीदवार लोग आंदोलन कईले रहले

यूपीपीएससी कार्यालय के बहरी एगो अधिकारी घोषणा कईले कि आयोग आरओ अवुरी एआरओ परीक्षा के स्थगित कs के पुरान पैटर्न पs पीसीएस-प्री परीक्षा करावे के फैसला कईले बिया।  एक पाली में परीक्षा करावे के मांग करत यूपीपीएससी कार्यालय के बहरी भारी संख्या में परीक्षार्थी विरोध प्रदर्शन करत बाड़े. कुछ परीक्षार्थी पहिले के तरह पीसीएस-प्री परीक्षा करावे के एलान से खुश बाड़े, जबकि आरओ-एआरओ के तइयारी करे वाला अभ्यर्थी कुछ निराश लउकलन.  उम्मीदवार राहुल पांडेय कहले कि जब ले आरओ-एआरओ परीक्षा में वांछित फैसला ना हो जाई तब ले छात्र आंदोलन जारी राखीहे। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.