एजुकेशन डेस्क। उत्तर प्रदेश लोक सेवा आयोग (UPPSC) लेक्चरर टेक्निकल एजुकेशन परीक्षा 2026 खातिर एडमिट कार्ड जारी कs देले बा। जे उम्मीदवार एह परीक्षा में सामिल होखे खातिर आवेदन कइले रहे, ऊ लोग अब आयोग के आधिकारिक वेबसाइट पs जाके आपन एडमिट कार्ड डाउनलोड कs सकेला।
एडमिट कार्ड डाउनलोड करे खातिर उम्मीदवारन के रजिस्ट्रेशन नंबर, पासवर्ड आ कैप्चा कोड जइसन लॉगिन डिटेल दर्ज करे के होई।
अइसे डाउनलोड करीं एडमिट कार्ड
UPPSC Lecturer Technical Education Admit Card 2026 डाउनलोड करे खातिर उम्मीदवार नीचे दिहल स्टेप्स के पालन कs सकेला लो।
- सबसे पहिले UPPSC के आधिकारिक वेबसाइट uppsc.up.nic.in पs जाईं।
- वेबसाइट के होमपेज पs Recruitment Dashboard सेक्शन पs क्लिक करीं।
- अब UPPSC Lecturer Technical Education Admit Card 2026 लिंक पs क्लिक करीं।
- मांगल गइल लॉगिन डिटेल धेयान से दर्ज करीं।
- डिटेल सबमिट कइला के बाद एडमिट कार्ड स्क्रीन पs खुल जाई।
- एडमिट कार्ड डाउनलोड करीं आ भविष्य खातिर एकर प्रिंटआउट निकाल के रख लीं।
6 सितंबर के होई परीक्षा
UPPSC के ओर से लेक्चरर टेक्निकल एजुकेशन के लिखित परीक्षा 6 सितंबर 2026 के आयोजित करावल जाई। एह भर्ती परीक्षा के माध्यम से कुल 513 पद पs उम्मीदवारन के चयन कइल जाई।
परीक्षा में सामिल होखे वाला उम्मीदवारन के सलाह बा कि एडमिट कार्ड डाउनलोड कइला के बाद ओकरा में दिहल सब जरूरी जानकारी धेयान से जांच लीं। एमे नाम, रोल नंबर, रजिस्ट्रेशन नंबर, परीक्षा तिथि आ शिफ्ट सहित आउर विवरण सामिल बा।
एकरा अलावे परीक्षा केंद्र पs जाये से पहिले एडमिट कार्ड पs दिहल सब जरूरी दिशा-निरदेसन के धेयान से पढ़ लीं। परीक्षा केंद्र पs समय से पहुंचे खातिर उम्मीदवार पहिलही से आपन तैयारी पूरा कs लेवे लोग।
Read Also: Mamata Banerjee : ममता बनर्जी मुश्किल में! कलकत्ता हाईकोर्ट के आदेश के उल्लंघन के आरोप में FIR दर्ज






