Mamata Banerjee : ममता बनर्जी मुश्किल में! कलकत्ता हाईकोर्ट के आदेश के उल्लंघन के आरोप में FIR दर्ज

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 29, 2026

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के पूर्व मुख्यमंत्री आ तृणमूल कांग्रेस (TMC) प्रमुख ममता बनर्जी के खिलाफ कोलकाता पुलिस एफआईआर दर्ज कइले बिया। पुलिस सनिचर के खुद संज्ञान लेत हेस्टिंग्स थाना में ई ममिला दर्ज कइले बिया।

Share

Mamata Banerjee announces TMC candidate list for West Bengal Assembly Elections

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के पूर्व मुख्यमंत्री आ तृणमूल कांग्रेस (TMC) प्रमुख ममता बनर्जी के खिलाफ कोलकाता पुलिस एफआईआर दर्ज कइले बिया। पुलिस सनिचर के खुद संज्ञान लेत हेस्टिंग्स थाना में ई ममिला दर्ज कइले बिया।

ई कार्रवाई सुक के कोलकाता के सेंट्रल इलाका में कैथेड्रल रोड पs आयोजित तृणमूल छात्र परिषद (TMCP) के स्थापना दिवस कार्यक्रम के संबंध में कइल गइल बा।

हाईकोर्ट के नियम के उल्लंघन के आरोप

पुलिस के मोताबिक, कार्यक्रम के अनुमति देत घरी कलकत्ता हाईकोर्ट कुछ खास शर्त आ नियम तय कइले रहे। आरोप बा कि कार्यक्रम के दौरान एह अदालती निरदेस आ शर्तन के उल्लंघन भइल।

पुलिस अधिकारी बतावत बाड़ें कि एफआईआर दर्ज कइला के बाद अब पूरा ममिला के जांच सुरू कर दिहल गइल बा। जांच में ई पता लगावल जा रहल बा कि कथित रूप से अदालती नियम के उल्लंघन में केकर का भूमिका रहे।

आयोजकन के खिलाफ दर्ज भइल ममिला

पुलिस के मोताबिक, ममता बनर्जी के अलावा कार्यक्रम के आउर आयोजकन के खिलाफ ममिला दर्ज कइल गइल बा। पुलिस अब कार्यक्रम से जुड़ल पूरा घटनाक्रम, अदालती शर्त आ कथित उल्लंघन के बिंदुअन के जांच करत बिया।

अधिकारियन के कहनाम बा कि जांच के आधार पs आगे के कार्रवाई तय कइल जाई। फिलहाल ममिला दर्ज होखला के बाद राजनीतिक हलका में चरचा तेज हो गइल बा।

Read Also: Supreme Court : पेट्रोल पंप पे इथेनॉल लेबलिंग के ममिला में 31 अगस्त के सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.