UP vs GUJ WPL: रोमांचक मैच में गुजरात पs यूपी के तीन विकेट से जीत, ग्रेस हैरिस खेलली तूफानी पारी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 6, 2023

यूपी गुजरात के तीन विकेट से हरवलस  यूपी गुजरात के तीन विकेट से हरा देले। एह टूर्नामेंट में एह हार के संगही गुजरात के लगातार दूसरका हार मिलल बा। गुजरात एह मैच में पहिले बल्लेबाजी

Share

यूपी गुजरात के तीन विकेट से हरवलस 

यूपी गुजरात के तीन विकेट से हरा देले। एह टूर्नामेंट में एह हार के संगही गुजरात के लगातार दूसरका हार मिलल बा। गुजरात एह मैच में पहिले बल्लेबाजी करत छव विकेट पs 169 रन बनवले रहे। एकरा जवाब में यूपी एक गेना रहते सात विकेट पs 175 रन बनाके मैच तीन विकेट से अपना नामे कs लेलस। यूपी खातिर ग्रेस हैरिस 26 गेना में 59 रन के सानदार पारी खेलली आ मैच के गुजरात के जबड़ा से छीन के ले अइली। एह टूर्नामेंट में पहिला बेर कवनो टीम लक्ष्य के पीछा करत जीतल बिया।

मैच में का भइल?

गुजरात टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत छव विकेट पs 169 रन बनवलस। हरलीन देओल 46 आ गार्डनर 25 रन के पारी खेलली। दीप्ति आ सोफी दु-दु विकेट लिहल लो। एकरा जवाब में यूपी 20 रन पs तीन विकेट गंवा देलस। जवना के बाद किरण नवगिरे आ दीप्ति शर्मा अर्धशतकीय साझेदारी कs के पारी के संभारल, बाकिर कीम गर्थ पांच विकेट लेके गुजरात जीत के दहलीज पs खड़ा कs देली। अंत में आखिरी तीन ओवरन में ग्रेस हैरिस आ सोफी एक्लेस्टन 52 रन बनाके मैच के अपना टीम के झोरी में डाले में सफल रहल लो। ग्रेस हैरिस तूफानी अर्धशतक लगाके अपना टीम के जीत दिलवली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.