UP School Holiday: यूपी के स्कूलन में आखिर काहे भइल मोहर्रम के छुट्टी रद्द, जानी योगी सरकार काहे जारी कइलस अइसन आदेस 

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 29, 2023

UP School Muharram Holiday News: उत्तर प्रदेश के 12वीं तक के स्कूलन में आज सनीचर (29 जुलाई) के होखे वाला मोहर्रम के छुट्टी रद्द कs दिहल गइल बा। एकरा खातिर महानिदेशक स्कूल शिक्षा आ राज्य

Share

UP School Muharram Holiday News: उत्तर प्रदेश के 12वीं तक के स्कूलन में आज सनीचर (29 जुलाई) के होखे वाला मोहर्रम के छुट्टी रद्द कs दिहल गइल बा। एकरा खातिर महानिदेशक स्कूल शिक्षा आ राज्य परियोजना निदेशक कार्यालय लखनऊ बरेली समेत प्रदेश के सब जिला बेसिक शिक्षा अधिकारियन के पत्र जारी कs देले बा। दिल्ली में 29 जुलाई के आयोजित अखिल भारतीय शिक्षा समागम कार्यक्रम के पीएम नरेंद्र मोदी द्वारा कइल जाये वाला उद्घाटन सत्र के लाइव प्रसारण हर विद्यालय में करावल जाये के निरदेस दिहल गइल बा।

जिला बेसिक शिक्षा अधिकारियन के जारी कइल गइल पत्र के मोताबिक बतावल गइल बा कि राष्ट्रीय शिक्षा नीति के तीसरका वर्षगांठ के सुभ अवसर पs 29 जुलाई 2023 के नई दिल्ली में आयोजित अखिल भारतीय शिक्षा समागम कार्यक्रम खातिर सब विद्यालय खोलल जाये आ विद्यालयन में कार्यक्रम के सीधा प्रसारण के बेवस्था कइल गइला के निरदेस दिहल गइल बा।

स्कूल स्तर तक होई लाइव स्ट्रीमिंग 

महानिदेशक शिक्षा विजय किरन आनंद के तरफ से जारी भइल आदेस में बतावल गइल बा कि पीएम द्वारा अखिल भारतीय शिक्षा समागम कार्यक्रम के उद्घाटन सत्र के लाइव स्ट्रीमिंग वेबकास्ट के माध्यम से विद्यालय स्तर तक होई। एकर प्रसारण करावल जाये खातिर निरदेसितो कइल गइल रहे।

दु दिन स्कूल बंद करे आइल रहे आदेस 

एकरा पहिले यूपी के सरकारी आ प्राइवेट स्कूल दु दिन खातिर बंद रखे के आदेस आइल रहे। जेमे लईकन से लेके टीचर्स तक दु दिन के छुट्टी माने सनीचर आ अतवार के मनावे वाला रहे लो। हालांकि अब ई छुट्टी रद कs दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.