UP Politics : मायावती आकाश आनंद आ रामजी गौतम के सउपली बिहार चुनाव के जिम्मेदारी, बैठक में भइल ई निर्णय

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 31, 2025

लखनऊ। UP Politics। बहुजन समाज पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ पूर्व मुख्यमंत्री मायावती बिहार में होखे वाला विधानसभा चुनाव के जिम्मेदारी पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक आकाश आनंद, केंद्रीय कोआर्डिनेटर आ राज्यसभा सांसद रामजी गौतम आउर

Share

लखनऊ। UP Politics। बहुजन समाज पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ पूर्व मुख्यमंत्री मायावती बिहार में होखे वाला विधानसभा चुनाव के जिम्मेदारी पार्टी के राष्ट्रीय संयोजक आकाश आनंद, केंद्रीय कोआर्डिनेटर आ राज्यसभा सांसद रामजी गौतम आउर स्टेट यूनिट के सउपले बाड़ी। उनका के बिहार में अगिला महीना सुरू होखे वाला पार्टी के यात्रा, जनसभा आदि कार्यक्रमन के विशेष जिम्मेदारियो सउपल गइल बा। ई सब कार्यक्रम मायावती के दिशा-निर्देश में होई।

बसपा सुप्रीमो मायावती बिहार विधानसभा चुनाव में पार्टी प्रत्याशियन के चयन आ तइयारियन के लेके वरिष्ठ पदाधिकारियन के संगे पिछला दु दिनन के दौरान कइल गइल बैठक में गहन चरचा आ समीक्षा के बाद ई निरदेश देली। संगही बिहार में बसपा के ओर से अकेले अपना बल पs चुनाव लड़े के फैसला के मद्देनजर आवे वाला दिनन में पार्टी के अलग-अलग कार्यक्रमन के रूपरेखा के अंतिम रूप दिहल गइल।

बैठक में पार्टी पदाधिकारियन के सब कमियन के दूर कs के पूरा मुस्तैदी आ तन, मन, धन से आगे बढ़े के निरदेस दिहल गइल। बसपा सुप्रीमो अतवार के जारी अपना बयान में कहली कि बिहार एगो बड़ राज्य हs, एकरा खातिर उहां के जरूरतन के दृष्टिगत राज्य के सब विधानसभा सीटन के तीन जोन में बांटके पार्टी के वरिष्ठ लोगन के अलग-अलग जिम्मेदारी सउपल गइल बा। बिहार में पार्टी के अपनी तइयारी के संगे-संगे राज्य के तेजी से बदलत राजनीतिक हालात आ चुनावी समीकरण आदि के देखत बसपा के ओर से चुनाव में बेहतर परिणाम ले आवे के आश्वासन पार्टी के लोग देले बा।

ओहिजा, दूसरका ओर बसपा सुप्रीमो एकरा पहिले उड़ीसा आ तेलंगाना राज्य में पार्टी संगठन के तइयारियन आ उहवों यूपी के पैटर्न पs जिला से लेके पोलिंग बूथ स्तर तक कमेटियन के गठन के संगे-संगे पार्टी के जनाधार के बढ़ावे के मिशनरी कामन के बाबत दिहल गइल लक्ष्यन के समीक्षा कइली।

Read Also: Puja Special Train : 21 सितंबर से 30 नवंबर तक चलावल जाई 150 पूजा स्पेशल ट्रेन, त्योहारन में मिली राहत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.