सीएम योगी आदित्यनाथ के बम से उड़ावे के धमकी, आरोपी के तलाश में जुटल पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 4, 2024

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बम से उड़ावे के धमकी दिहल गइल बा। हैरानी के बात इs बा कि सीएम योगी के बारे में चीफ कांस्टेबल के फोन कs के अयीसन धमकी दिहल

Share

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बम से उड़ावे के धमकी दिहल गइल बा। हैरानी के बात इs बा कि सीएम योगी के बारे में चीफ कांस्टेबल के फोन कs के अयीसन धमकी दिहल गईल बा। एs धमकी के बाद केंद्रीय अंचल के महानगर थाना में मामिला दर्ज हो गईल बा। मामिला के गंभीरता के देखत यूपी पुलिस आरोपी के तलाश शुरू कs देले बिया। धमकी देवे वाला के मोबाइल फोन के पुलिस निगरानी सेल के मदद से पता लगावतिया।

मुख्य आरक्षी उठवले रहले कॉल

अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक 2 मार्च के सीयूजी नंबर पs सीएम योगी के धमकी देवे वाला फोन कईल गईल रहे।ई फोन हेड कांस्टेबल उठा लिहले। मुख्य कांस्टेबल के फोन करेवाला बतवले कि आजु उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बम से उड़ा दिहल जाई। एकरा बाद सुरक्षा मुख्यालय में तैनात मुख्य सिपाही के शिकायत पs केंद्रीय अंचल के महानगर थाना में मामिला दर्ज भईल बा।

पुलिस आरोपी के तलाश में जुटल

अबे ले मिलल जानकारी के मुताबिक, जसही चीफ कांस्टेबल पूछले कि उs कहां से फोन करत बाने, तुरंत फोन कट गईल। एकरा बाद महानगर थाना के सुरक्षा मुख्यालय में तैनात सिपाही उधम सिंह के ओर से मामिला दर्ज भईल। एही बीच आरोपी के तलाशी खातीर चार पुलिस टीम के तैनात कईल गईल बा। सर्विलांस सेल के मदद से धमकी देवे वाला के मोबाइल फोन के पता लगावल जाता।

साभार- इंडिया tv

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.