यूपी पंचायत चुनाव: राज्य चुनाव आयोग के निरदेस, एक परिवार के सब मतदाता के होखे एक पोलिंग बूथ

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 10, 2025

लखनऊ। प्रदेश के मुख्य निर्वाचन अधिकारी नवदीप रिणवा बियफे के बनारस में आयोजित प्रशिक्षण सत्र में जिला निर्वाचन अधिकारियन के निरदेस देलें कि हर मतदान स्थल पs अधिकतम 1200 मतदाता के संख्या के आधार पs

Share

लखनऊ। प्रदेश के मुख्य निर्वाचन अधिकारी नवदीप रिणवा बियफे के बनारस में आयोजित प्रशिक्षण सत्र में जिला निर्वाचन अधिकारियन के निरदेस देलें कि हर मतदान स्थल पs अधिकतम 1200 मतदाता के संख्या के आधार पs सम्भाजन कइल जाए। उ कहलें कि मतदाता सूची के अपडेट करत घरी एह बात के विशेष ध्यान रखल जाव कि परिवार के सब सदस्यन के नाम एके पोलिंग बूथ के मतदाता सूची में रहे।

उ निरदेस देलें कि जेंडर रेशियो में सुधार कइल जाव। मतदाता सूची स्पष्ट, बिना गलतियन के आ मतदाता के फोटो साफ सुथरी लागल होखे, जवना के पहचान करे में परेसानी ना होखे। बीएलओ के नियमानुसार नियुक्ति आ मतदाता सूची संबंधित शिकायतन के समाधान गम्भीरता से करावल जाव। राजनैतिक दलन के प्रतिनिधियन के संगे बैठक कs के के संगे वेयर हाउस के नियमित निरीक्षणों करीं। छोट-छोट समूहन में बीएलओ के प्रशिक्षित कइल जाव।

मुख्य निर्वाचन अधिकारी बतवलें कि पहिला बेर जिला निर्वाचन अधिकारियन के भौतिक प्रशिक्षण करावल जा रहल बा ताकि मतदाता सूची पुनरीक्षण के समय भा चुनाव के समय मतदाता के परेसानी ना होखे। उ एह बात पs बल देलें कि नागरिकन से मतदाता फार्म भरवावत घरी ओह लोगन के मोबाइल नम्बर आ पता सही-सही दर्ज करवाईं, जवना से उ अपना आवेदन के ट्रैक करे में आसानी होखे।

दूसरका चरण के प्रशिक्षण सत्र में आजमगढ़, बलिया, मऊ, वाराणसी, जौनपुर, गाजीपुर, चंदौली, भदोही, मिर्जापुर, सोनभद्र, कुशीनगर, महाराजगंज, देवरिया, कौशांबी, प्रयागराज, अयोध्या, अंबेडकरनगर बस्ती, प्रतापगढ, सिद्धार्थनगर, अमेठी, सुल्तानपुर आ संतकबीरनगर सहित 23 जिलन के जिला निर्वाचन अधिकारी मवजूद रहे लो।

Read Also: Politics: तेजस्वी के मिलल कौशल, पूर्णिमा आ सलमान के साथ, 2 दर्जन नेता थामल लो लालू के लालटेन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.