UP News: सीएम योगी अपना घर पs तिरंगा फहरा दिहले, कहले – हर घर तिरंगा फहराई

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 14, 2024

      मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बुधवार के अपना सरकारी आवास पs तिरंगा फहरावत सोशल मीडिया पs लिखले कि हमनी के एकता, अखंडता, संप्रभुता आ गौरव के प्रतीक हमनी के तिरंग हर घर में फहरावल

Share

 

 

 

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बुधवार के अपना सरकारी आवास पs तिरंगा फहरावत सोशल मीडिया पs लिखले कि हमनी के एकता, अखंडता, संप्रभुता आ गौरव के प्रतीक हमनी के तिरंग हर घर में फहरावल जाई। जय हिन्द ।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बुधवार के हर घर तिरंगा अभियान के तहत अपना सरकारी आवास 5 कालिदास मार्ग पs तिरंगा फहरावले। एकरा बाद सीएम सेल्फी लेहले।

मुख्यमंत्री अपना सोशल मीडिया अकाउंट एक्स पs लिखले कि हमनी के एकता, ईमानदारी, संप्रभुता आ गौरव के प्रतीक हमनी के तिरंग हर घर में फहराई। जय हिन्द ।

गौरतलब बा कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के आह्वान पs ए साल भी देश के हर घर में 13 से 15 अगस्त तक तिरंगा अभियान चलावल जाता। एह दौरान योगी सरकार के नेतृत्व में उत्तर प्रदेश के साढ़े चार करोड़ से अधिका घरन पर तिरंगा फहरावल जाई ।

एह क्रम में बुध के दिने सीएम योगी आदित्यनाथ अपना आधिकारिक आवास पर तिरंगा फहरा दिहलन। संगही ऊ यूपी के आम जनता से अपना घर पs तिरंगा झंडा फहरावे के अपील कइले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.