UP Lok Sabha Election 2024: रायबरेली में गांधी बनाम गांधी के मुकाबला! भाजपा प्रियंका के सोझा वरुण के चुनाव लड़वावे के तैयारी में

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 24, 2024

भाजपा रायबरेली लोकसभा सीट से वरुण गांधी के खड़ा कइल चाहत बिया । एकरा खातीर पार्टी के ओर से उनका के जानकारी दिहल गइल बा। सूत्र के मुताबिक वरुण इ तय करे खाती समय मंगले

Share

भाजपा रायबरेली लोकसभा सीट से वरुण गांधी के खड़ा कइल चाहत बिया । एकरा खातीर पार्टी के ओर से उनका के जानकारी दिहल गइल बा। सूत्र के मुताबिक वरुण इ तय करे खाती समय मंगले बाड़े कि उ प्रियंका गांधी के खिलाफ लड़िहे कि ना।

उत्तर प्रदेश के हाई प्रोफाइल सीट में से एगो रायबरेली सीट से कांग्रेस आ भाजपा दुनो आपन कार्ड के खुलासा नइखे कइले। कांग्रेस पक्ष से कहल जात बा कि प्रियंका गांधी रायबरेली से चुनाव लड़िहें । एही बीच भाजपा नेहरू-गांधी परिवार के एगो आ सदस्य से वरुण गांधी के उनका खिलाफ खड़ा करे के फैसला कइले बिया। पार्टी सूत्र के मुताबिक भाजपा रायबरेली से वरुण गांधी के चुनाव लड़े के पेशकश कइले बिया। जदी सूत्र प विश्वास कइल जाए त वरुण अपना चचेरी बहिन प्रियंका गांधी के खिलाफ चुनाव लड़े के फैसला प सोचे खातीर समय मंगले बाड़े।

जानकारी के मुताबिक भाजपा के केंद्रीय नेतृत्व रायबरेली के उम्मीदवार के पैनल में वरुण गांधी के नाम भी शामिल कइले बिया। बता दीं कि रायबरेली सीट कांग्रेस के गढ़ मानल जाला । अबकी बेर सोनिया गांधी के राज्यसभा जाए के चलते प्रियंका गांधी के इहाँ से चुनाव लड़े के बहुत अटकलबाजी होखता। अइसने में भाजपा के आंतरिक सर्वेक्षण से पता चलल बा कि जदी वरुण गांधी मैदान में उतर गइले त पार्टी चुनाव लड़े के मजबूत स्थिति में होई। जवना के बाद वरुण गांधी के मैदान में उतारे के प्रयास तेज हो गइल बा। बतावल जाता कि वरुण गांधी एक-दु दिन में आपन फैसला दे दिहे।

40 साल बाद अइसन होई

जदी वरुण गांधी रायबरेली से चुनाव लड़िहें त चालीस साल बाद अइसन हो जाई कि गांधी परिवार के लोग एक दोसरा का खिलाफ चुनाव लड़ीहें । 1984 के लोकसभा चुनाव में वरुण गांधी के महतारी मानेका गांधी अमेठी से राजीव गांधी के खिलाफ चुनाव लड़ले रहली। हालांकि उनका हार के सामना करे के पड़ल। एकरा बाद मानेका गांधी आ सोनिया गांधी के परिवार कबो एक दूसरा के सामना ना कइलस।

पीलीभीत से वरुण गांधी के टिकट रद्द हो गइल बा

ध्यान देवे वाला बात बा कि अबकी बेर भाजपा पीलीभीत से वरुण गांधी के टिकट रद्द क देले बिया। सुल्तानपुर सीट से एक बेर फेरु मानेका गांधी के मैदान में उतारल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.