UP Election 2027 : चिराग पासवान के बड़ एलान, यूपी के 403 सीट पs चुनाव लड़ी लोजपा

UP Election 2027: Chirag Paswan Announces Contest on All 403 Assembly Seats

Share

ग्रेटर नोएडा। केंद्रीय मंत्री आ लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के राष्ट्रीय अध्यक्ष चिराग पासवान उत्तर प्रदेश विधानसभा चुनाव 2027 खातिर बड़ एलान कइले बाड़ें। ऊ कहले बाड़ें कि पार्टी यूपी के सब 403 विधानसभा सीट पs चुनाव लड़े के तइयारी में बा।

ग्रेटर नोएडा के नॉलेज पार्क इस्थित इंडिया एक्सपो एंड सेंटर मार्ट में आयोजित कार्यक्रम के दौरान चिराग पासवान कहलें कि उत्तर प्रदेश इकाई जल्दिये केंद्रीय संसदीय बोर्ड के औपचारिक प्रस्ताव भेजी। प्रस्ताव मंजूर होखला के बाद पार्टी राज्य के सब विधानसभा सीट पs उम्मीदवार उतारे के तइयारी सुरू करी।

गठबंधन पs अभियो फैसला नइखे

चिराग पासवान साफ कहलें कि अभी गठबंधन के लेके कवनो अंतिम फैसला नइखे भइल। पार्टी अकेले चुनाव लड़ी कि कवनो गठबंधन के हिस्सा बनी, एह पs फैसला आवे वाला महीनन में होई। उनकर कहनाम रहे कि बिहार में जइसन प्रदर्शन पार्टी कइले बिया, ओइसही उत्तर प्रदेश में मजबूत उपस्थिति दर्ज करावे के लक्ष्य बा।

देसभर में संगठन विस्तार पs जोर

उत्तर प्रदेश विधानसभा के तइयारी के संगे चिराग पासवान पार्टी के राष्ट्रीय विस्तार पs जोर देलें। उनका अनुसार लोजपा (रामविलास) अब खाली उत्तर प्रदेशे नइखे, बलुक पंजाब आ उत्तराखंड विधानसभा चुनाव में सक्रिय रूप से हिस्सा ली।

एह खातिर अलग-अलग राज्यन में संगठन मजबूत करे के अभियान चलावल जा रहल बा। उत्तराखंड में कार्यकर्ता सम्मेलन हो चुकल बा, जबकि पंजाब में जल्दी कार्यक्रम आयोजित होखे वाला बा।

कइयन गो राज्य में मवजूद बा पार्टी

चिराग पासवान कहलें कि लोजपा (रामविलास) के जनाधार धीरे-धीरे कइयन गो राज्यन में बढ़ रहल बा। उनका मोताबिक झारखंड आ नागालैंड में पार्टी के विधायक बाड़ें, जबकि अरुणाचल प्रदेश आ दमन-दीव में संगठन सक्रिय रूप से काम करत बा।

उनकर दावा बा कि पार्टी अब राष्ट्रीय स्तर पs संगठन के मजबूत करे आ हर राज्यन में अपना जनाधार बढ़ावे के रणनीति पs काम करत बा।

2027 चुनाव पs सबके नजर

उत्तर प्रदेश के मद्देनजर चिराग पासवान के ई एलान उत्तर प्रदेश के राजनीति में नया चरचा सुरू कs देले बिया। जदि पार्टी सब 403 सीट पs चुनाव लड़ेला, तs राज्य के राजनीतिक समीकरण पs एकर असर जरूर देखे के मिल सकेला। अब सब केहू के नजर पार्टी के अगिला रणनीति आ गठबंधन पs होखे वाला फैसला पs टिकल बा।

Read Also: Bengal News : अमतला में अभिषेक बनर्जी के दफ्तर पर चलल बुलडोजर, प्रशासन के अतिक्रमण हटावे के कार्रवाई

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-