कोलकाता। पश्चिम बंगाल में प्रशासनिक कार्रवाई तेज हो गइल बा। अमतला इलाका में तृणमूल कांग्रेस सांसद अभिषेक बनर्जी से जुड़ल दफ्तर पs अतिक्रमण हटावे के अभियान चलावल गइल। कार्रवाई के दौरान इलाका में बड़ संख्या में पुलिस बल तैनात रहे आ सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कइल गइल।
प्रशासन के मोताबिक, दफ्तर परिसर के चारो ओर सुरक्षा घेरा बनावल गइल रहे ताकि कार्रवाई शांतिपूर्ण तरीका से पूरा हो सके। डायमंड हार्बर पुलिस जिला के जवान लगातार निगरानी करत रहे। अधिकारियन के कहनाम बा कि चुनाव परिणाम घोषित होखला के बाद से संबंधित दफ्तर बंद पड़ल रहे।
नोटिस के बादाे ना मिलल जवाब
प्रशासनिक सूत्रन के अनुसार, कथित अवैध निर्माण के ममिला में दक्षिण 24 परगना जिला प्रशासन पहिले संबंधित पक्ष के नोटिस जारी कइले रहे। बतावल जा रहल बा कि तय समय सीमा के भीतर जिला परिषद के सामने कवनो प्रतिनिधि उपस्थित ना भइल। एह कारण प्रशासन सरकारी नियम के तहत अतिक्रमण हटावे के प्रक्रिया आगे बढ़वलस।
बुलडोजर कार्रवाई देखे जुटल लोग
बुलडोजर कार्रवाई के दौरान आसपास के इलाका में बड़ संख्या में लोग जुट गइल। कानून- बेवस्था बनवले रखे खातिर पुलिस हर गतिविधि पs नजर रखले रहे। प्रशासन के दावा बा कि पूरा कार्रवाई नियमानुसार कइल गइल आ कहीं से कवनो अप्रिय घटना के सूचना नइखे मिलल।
अभिषेक बनर्जी लगवले राजनीतिक आरोप
एह कार्रवाई से पहिले 3 जुलाई के अभिषेक बनर्जी आरोप लगवले रहलें कि उनकर कार्यालय से जुड़ल कइयन गो लोग के पश्चिम बंगाल पुलिस के एसटीएफ आ सीआईडी बिना पर्याप्त नोटिस पूछताछ खातिर बोलवले रहे।
ऊ सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs लिखले रहलें कि लगभग 25 लोग के कानूनी प्रक्रिया के उल्लंघन करत पूछताछ खातिर बुलावल गइल भा हिरासत में लिहल गइल। उनका अनुसार ई कार्रवाई राजनीतिक कारण से प्रेरित रहे।
जांच आ कार्रवाई पs सब केहू के नजर
एह ममिला पs अब राजनीतिक हलचल तेज हो गइल बा। एक ओर प्रशासन नियम के तहत कार्रवाई के बात कहत बा, तs दूसरका ओर अभिषेक बनर्जी एह कार्रवाई के राजनीतिक प्रतिशोध बता रहल बाड़ें। ममिला पs आगे प्रशासनिक आ कानूनी प्रक्रिया जारी रहे के संभावना बा।
Read Also: Aamir Khan : आमिर खान के मिलल कथित जान से मारे के धमकी, सोशल मीडिया पोस्ट के बाद पुलिस जांच सुरू









