यूपी के DM ‘पानी’ पऽ चलवा देले बुलडोजर, जानीं अइसन काहे भइल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 7, 2024

बागपत : नकली उत्पाद के खिलाफ कार्रवाई करत उत्तर प्रदेश के बागपत जिला में खाद्य विभाग 2,663 नकली पानी के बोतल नष्ट कऽ देलस। इ जानकारी एतवार के दिने एगो आधिकारिक बयान में दिहल गइल

Share

बागपत : नकली उत्पाद के खिलाफ कार्रवाई करत उत्तर प्रदेश के बागपत जिला में खाद्य विभाग 2,663 नकली पानी के बोतल नष्ट कऽ देलस। इ जानकारी एतवार के दिने एगो आधिकारिक बयान में दिहल गइल बा।

मामला तब सोझा आइल जब जिला मजिस्ट्रेट जितेंद्र प्रताप सिंह एगो कार्यक्रम में पहुंचले अउरी उनका टेबुल पऽ राखल पानी के बोतल लउकल। डीएम साहेब बोतल देख के चौंक गइले, काहे कि ओकरा लगे ना तऽ फूड लाइसेंस नंबर रहे आ ना कवनो अवरू सबूत। उऽ तुरंत खाद्य सुरक्षा विभाग के अधिकारी के फोन कऽ जांच के आदेश देले।

शनिचर के बागपत तहसील के संपूर्ण समाधान दिवस के दौरान जिला मजिस्ट्रेट आ पुलिस अधीक्षक अर्पित विजयवर्गीय पुलिस चौकी निवादा पहुंचले। उहाँ डीएम के सामने 500 मिलीलीटर के नकली पानी के बोतल राखल गइल। जांच के बाद पता चलल कि इ बोतल गौरीपुर के एगो दोकान से खरीदल गइल बा।

खाद्य सुरक्षा विभाग के सहायक आयुक्त मनवेंद्र सिंह तत्काल कार्रवाई कइले। उ बतवले कि जब दोकान के दौरा कइल गइल तऽ पता चलल कि जवाहर नगर के भीम सिंह बिना लाइसेंस के अपना घर में बोतल भर के जिला के अलग-अलग जगह पऽ बोतल बांटेले।

डीएम के आदेश पऽ सभ 2663 बोतल तुरंत नष्ट कऽ दिहल गइल। एकरा अलावा बिना लाइसेंस वाला गोदाम के मालिक के खिलाफ कानूनी कार्रवाई कइल गइल आ गोदाम बंद कऽ दिहल गइल। खाद्य सुरक्षा विभाग पानी के नमूना लेके प्रयोगशाला में भेज देले बा ताकि ओकरा शुद्धता के पुष्टि हो सके।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.