यूपी के फतेहपुर में दु गो मालगाड़ी के टक्कर, एके ही ट्रैक पs अइले से भइल हादसा

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 4, 2025

उत्तर प्रदेश के फतेहपुर जिला के पम्भीपुर के लगे एगो मालगाड़ी अवुरी एगो अवुरी खड़ा मालगाड़ी के बीच टक्कर भईल। एs घटना में भारतीय रेलवे के दु अधिकारी के मामूली चोट आईल।  एह टक्कर के

Share

फतेहपुर में दु गो मालगाड़ी के टक्कर

उत्तर प्रदेश के फतेहपुर जिला के पम्भीपुर के लगे एगो मालगाड़ी अवुरी एगो अवुरी खड़ा मालगाड़ी के बीच टक्कर भईल। एs घटना में भारतीय रेलवे के दु अधिकारी के मामूली चोट आईल।  एह टक्कर के चलते गार्ड कोच अवुरी इंजन पटरी से उतर गईल। जानकारी के मुताबिक इs घटना मंगल के सबेरे भईल। एs दुर्घटना के चलते अपलाइन पs ट्रेन के आवाजाही भी बाधित हो गईल। अधिकारी बतवले कि प्रभावित खंड के खाली करे अवुरी सामान्य यातायात के बहाल करे खातीर अबे ले बचाव अवुरी बहाली के काम चलता।

सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र (सीएससी) के डॉ सुभाष दुबे कहले कि, “दुगो घाही लोग के ले आवल गईल। उs लोग सबेरे 7 बजे हमनी के सीएससी में आईल रहले अवुरी ओ लोग के कवनो बड़ चोट नईखे, एहसे हमनी के प्राथमिक चिकित्सा कईनी। दुर्घटना में घाही दुनो अधिकारी के पहचान 28 साल के अनुज राज अवुरी 35 साल के शंकर यादव के रूप में भईल बा। दुनु जने के प्राथमिक चिकित्सा दिहल गइल आ ओकरा बाद छुट्टी दे दिहल गइल. “

रेलवे के अधिकारी नुकसान के आकलन करत बाड़े अवुरी सामान्य परिचालन बहाल करे खातीर काम करतारे। एs मामला में अवुरी जानकारी के इंतजार बा। 

इहो पढ़ीं: चौरी चौरा घटना : भारत के स्वतंत्रता संग्राम में एगो दुःखद मोड़

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.