लखनऊ। उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बरखा आ बाढ़ से खराब भइल सड़कन के तत्काल मरम्मत कराके आवागमन लायक बनावे के निरदेस देले बाड़ें। ऊ कहलें कि अभी बरसात जारी बा, एहसे जहां सड़क खराब हो गइल बा, उहवां फिलहाल ओकरा के मोटरेबल बनावल जाये। बरसात खतम भइला के बाद जरूरत के हिसाब से सड़क के स्थायी मरम्मत आ नवीनीकरण करावल जावs।
681 प्रमुख सड़कन पs खास फोकस
सुक के लोक निर्माण विभाग के समीक्षा बैठक में मुख्यमंत्री कहलें कि आवे वाला परब-त्योहार में बड़ संख्या में लोगन के आवागमन होई। एकरा से प्रमुख मार्गन पs लोगन के कवनो परेसानी ना होखे के चाहीं। बरखा से नया खराब भइल सड़कन के लगातार सर्वे करावे आ परब से पहिले जरूरी मरम्मत आ नवीनीकरण पूरा करे के निरदेस दिहल गइल।
आवे वाला परबन के देखते प्रदेश में 681 महत्वपूर्ण मार्ग चिन्हित कइल गइल बा। एमे गणेश चतुर्थी, विश्वकर्मा पूजा, नवरात्रि, दीपावली, छठ पूजा आ कार्तिक पूर्णिमा के दौरान जादे आवागमन वाला सड़क सामिल बाड़ी सs। मुख्यमंत्री एह मार्गन के प्राथमिकता से गड्ढामुक्त आ बेहतर इस्थिति में रखे के निरदेस देलें।
4.36 लाख किलोमीटर सड़कन के समीक्षा
बैठक में बतावल गइल कि प्रदेश में नव विभागन के अधीन करीब 4.36 लाख किलोमीटर मार्ग बा। मवजूदा गड्ढामुक्ति अभियान के तहत करीब 50 हजार किलोमीटर सड़क के बेहतर करे के लक्ष्य रखल गइल बा। अब तक करीब 5,751 किलोमीटर सड़क पs काम पूरा हो चुकल बा।
अतिवृष्टि के अलावा एक्सप्रेसवे, राष्ट्रीय राजमार्ग आ रेलवे के निर्माणाधीन परियोजनन के चलते भारी वाहनन के आवाजाही से कइयन गो सड़क खराब भइल बाड़ी सs। एह सड़कन के विभागवार सर्वे करावल जा रहल बा।
स्कूल-अस्पताल के सड़कन के पहिले सुधारीं
मुख्यमंत्री निरदेस देलें कि स्कूल-कॉलेज, अस्पताल, प्रमुख बाजार, सरकारी कार्यालय आ जादे आवागमन वाला जगहन के सड़कन के प्राथमिकता से ठीक करावल जावs। मरम्मत के काम तत्काल सुरू करा के सड़क के बिना देरी आवागमन लायक बनावल जावs। संगही काम में तेजी के संगे गुणवत्ता पs विशेष धेयान देवे के कहल गइल।
विभाग के मोताबिक करीब 30 हजार किलोमीटर सड़क के नवीनीकरण आ करीब 5 हजार किलोमीटर सड़क के विशेष मरम्मत के लक्ष्य रखल गइल बा। अब तक नवीनीकरण में करीब 14 हजार किलोमीटर आ विशेष मरम्मत में करीब 700 किलोमीटर के काम पूरा भइल बा।
कइयन विभागन के कार्ययोजना पs चरचा
बैठक में केंद्रीय सड़क परिवहन आ राजमार्ग मंत्रालय के अधिकारियन से कार्ययोजना के जानकारी लिहल गइल। एकरा अलावे मंडी परिषद, पंचायती राज, सिंचाई, ग्राम्य विकास, नगर विकास, आवास आ शहरी नियोजन आउर अवस्थापना आ औद्योगिक विकास विभाग के कार्ययोजनन के समीक्षा भइल।
मुख्यमंत्री सब विभागन के बीच बेहतर समन्वय बनाके काम करे पs जोर देलें। बइठक में कइयन गो मंत्री आ विभागीय अधिकारी मवजूद रहे लोग।






