[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News : कमरा में मिलल इंजीनियर के लाश, चार दिन से बंद मकान से आवत रहे दुर्गंध, सोफा पs मिलल शव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। खोराबार थाना क्षेत्र के सहारा एस्टेट में सुक के सबेरे एगो इंजीनियर के शव कमरा से बरामद भइल। मकान से तेज दुर्गंध अइला के बाद पड़ोसियन पुलिस के सूचना देलें। मवका पs पहुंचल पुलिस दरवाजा खुलववलस तs सोफा सेट पs 45 साल के अभिषेक त्रिपाठी के शव पड़ल मिलल। पुलिस के मोताबिक, शव करीब तीन से चार दिन पुरान हो सकेला।

चार दिन से बंद रहे मकान

जानकारी के मोताबिक, सहारा स्टेट के मल्हार इस्थित मकान नंबर 2/202 में अभिषेक त्रिपाठी रहत रहलें। ऊ मूल रूप से देवरिया जिला के निवासी रहलें। आसपास के लोग बतावल कि करीब चार दिन से मकान के दरवाजा बंद रहे। एह दौरान अभिषेक बाहर दिखाई ना पड़लें।

सुक के सबेरे मकान से तेज दुर्गंध आवे लागल तs पड़ोसियन के अनहोनी के आशंका भइल। लोग तुरंत पुलिस के सूचना दिहल। सूचना मिलते खोराबार पुलिस मवका पs पहुंच गइल।

सोफा पs पड़ल मिलल शव

पुलिस जब मकान के दरवाजा खुलवाके अंदर प्रवेश कइलस तs सोफा सेट पs अभिषेक के शव मिलल। घटना के जानकारी मिलते फोरेंसिक टीम मवका पs पहुंचल आ कमरा के बारीकी से जांच कइलस। टीम जरूरी साक्ष्य जुटावे के काम कइलस।

पुलिस अभिषेक के परिवार के लोगन के घटना के जानकारी दे देले बिया। परिवार के लोगन के आवे के इंतजार कइल जा रहल बा। एह बीच पुलिस आसपास रहे वाला लोगन से पूछताछ कs रहल बिया।

पोस्टमार्टम रिपोर्ट से साफ होई मौत के वजह

पुलिस कमरा में कवनो तरे के संघर्ष के निशान भइल कि ना भा कवनो आउर संदिग्ध परिस्थिति रहल कि ना, एह सब पहलूअन के जांच कs रहल बिया।

सीओ कैंट कीर्ति निधि आनंद बतवली कि मकान के दरवाजा अंदर से बंद रहे। पुलिस सब पहलूअन के धेयान में रख के जांच कs रहल बिया। पोस्टमार्टम रिपोर्ट अइला के बादे इंजीनियर अभिषेक त्रिपाठी के मौत के वास्तविक कारण साफ हो पाई।

Read Also: Bihar : भागलपुर में भाजपा नेता के गोली मार के हत्या, माथा के लगे लागल गोली, चंदा के विवाद के बा चरचा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]