गोरखपुर। बाढ़ आ अत्यधिक बरखा से फसल के भइल नुकसान के भरपाई करे खातिर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सोमवार के गोरखपुर से प्रदेश के 9.18 लाख से अधिका किसानन के बड़ राहत दिहें। योगिराज बाबा गंभीरनाथ प्रेक्षागृह में आयोजित कार्यक्रम में मुख्यमंत्री 493 करोड़ रुपिया के कृषि निवेश अनुदान के रकम किसानन के खाता में भेजिहें।
ई धनराशि डीबीटी (डायरेक्ट बेनिफिट ट्रांसफर) के माध्यम से सीधे किसानन के बैंक खाता में पहुंची। मुख्यमंत्री के साथ कृषि मंत्री सूर्य प्रताप शाही आ अउरी जनप्रतिनिधि भी मौजूद रहिहें।
प्राकृतिक आपदा से फसल के भइल नुकसान के बाद सरकार राहत आ सहायता देवे के प्रक्रिया तेज कर देले बिया। राहत आयुक्त कार्यालय के मुताबिक, चालू वित्तीय साल के शुरुआत से 9 अक्टूबर तक प्रदेश में बाढ़, अत्यधिक बरखा, चक्रवात आ ओलावृष्टि से फसल के नुकसान झेले वाला 9 लाख 18 हजार 91 किसानन के चिन्हित कइल गइल बा। एह किसानन के कृषि निवेश अनुदान के रूप में 493 करोड़ रुपिया के धनराशि दिहल जा रहल बा।
बाढ़-अतिवृष्टि से फसलन के भइल नुकसान के भरपाई के खातिर डीबीटी से खातन में पहुंचल धनराशि
सितंबर के अंतिम सप्ताह में आइल चक्रवात के साथे भइल अतिवृष्टि आ बाढ़ से प्रदेश के कई जिला में फसलन के व्यापक नुकसान भेईल| खेत में पानी भरले से धान समेत अन्य फसलों को क्षति पहुंचल। सरकार के ओर से नुकसान का आकलन पूरा कर प्रभावित किसान के राहत देहले क प्रक्रिया शुरू कीहिल गइल। बाढ़ के पानी उतरले के साथै ही किसानन के खाता में सहायता राशि भेजले क कार्रवाई तेज कीहल गइल|
493 करोड़ रुपिया के सहायता राशि जारी कइल जाई
राहत आयुक्त कार्यालय के मुताबिक, फसल के नुकसान के भरपाई खातिर 169 करोड़ रुपिया कृषि निवेश अनुदान के रूप में पहिले ही जिला सभ के जारी कइल जा चुकल बा। एहमें से 1 लाख 29 हजार 326 किसानन के 78.75 करोड़ रुपिया के कृषि निवेश अनुदान दिहल जा चुकल बा। अब सोमार के मुख्यमंत्री के मौजूदगी में 493 करोड़ रुपिया के सहायता राशि जारी कइल जाई।
जान-माल के नुकसान आ मकान के क्षति पर भी 225.93 करोड़ रुपिया के मदद
प्राकृतिक आपदा में फसल के नुकसान के संगे जान-माल के नुकसान, पशु के नुकसान आ मकान के क्षति से प्रभावित परिवारन के भी सरकार सहायता उपलब्ध करौले बिया। राहत आयुक्त कार्यालय के मुताबिक, अलग-अलग आपदा से प्रभावित परिवारन के 225.93 करोड़ रुपिया के सहायता राशि बाँटल जा चुकल बा। सरकार के जोर फसल के नुकसान के भरपाई के संगे आपदा से प्रभावित परिवारन के तुरंत राहत पहुँचावे पर बा।







No comments yet. Be the first to comment!