सीएम योगी आद‍ित्‍यनाथ ‘INDIA’ पs कसलें तंज, कहलें- कौआ आपन नाम हंस रख ले तबो मोती ना चुगी 

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 25, 2023

उत्तर प्रदेश के मुख्‍यमंत्री योगी आद‍ित्यनाथ व‍िपक्ष के नया नाम ‘INDIA’ पs तंज कसत कहलें क‍ि कौआ आपन नाम हंस रख लेवे तबबो उ मोती ना चुगी। सीएम योगी मंगलर के एगो ट्वीट में ई

Share

उत्तर प्रदेश के मुख्‍यमंत्री योगी आद‍ित्यनाथ व‍िपक्ष के नया नाम ‘INDIA’ पs तंज कसत कहलें क‍ि कौआ आपन नाम हंस रख लेवे तबबो उ मोती ना चुगी। सीएम योगी मंगलर के एगो ट्वीट में ई बात कहलें। अंग्रेजी में कइल गइल एगो आउर ट्वीट में सीएम योगी कहलें क‍ि नाम बदलला से खेल ना बदली।

‘नाम बदलला से इनकर मूल स्वभाव ना बदल जाई’

सीएम योगी एगो ट्वीट में ल‍िखलें, ”कौआ आपन नाम हंस रख लेवे तबो उ मोती ना चुगी। अमावस्या के करिया रात के पूर्णिमा के नाम देवे से ऊ शीतल आ प्रकाशवान ना हो जाई।” इहे ना, सीएम कहलें क‍ि नाम बदललक से एह लोगन के मूल स्वभाव ना बदल जाई। अइसही I.N.D.I.A. नाम लगा लेला से आत्मा आ संस्कार में रचल-बसल विभाजनकारी सोच आ भारत विरोधी दृष्टि समाप्त ना हो जाई।

पीएम मोदी कस चूकल बाड़ेंं तंज  

एकरा पहिले पीएम नरेंद्र मोदी विपक्षी दलन के गठबंधन के ‘INDIA’ नाम रखला पs तंज कसले रहस। ऊ कहलें कि ईस्ट इंडिया कंपनियो में इंडिया बा आ इंडियन मुजाहिद्दीनो में इंडियन बा। खाली नाम रख लेला से का होला। पीएम मोदी के बयान पs कांग्रेस नेता राहुल गांधी ट्वीट कs के लिखलें, रउआ हमनी के जवन चाहें बोलाई, हमनी के INDIA हई सs।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.