उत्तर प्रदेश: यूपी बोर्ड के परीक्षा आज से, 51 लाख से बेसी परीक्षार्थी दी लो परीक्षा

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 24, 2022

परीक्षा से जुड़ल जाने जोग बात: 8,373 परीक्षा केंद्र। टोटल 51,92,689 परीक्षार्थी। हाई स्कूल में 27.81 लाख आ इंटर में 24.11 लाख परीक्षार्थी। सॉफ्टवेयर से पहिला बेर लगावल गइल ड्यूटी। पुलिस आ एसटीएफ के खास

Share

परीक्षा से जुड़ल जाने जोग बात:

  • 8,373 परीक्षा केंद्र।
  • टोटल 51,92,689 परीक्षार्थी।
  • हाई स्कूल में 27.81 लाख आ इंटर में 24.11 लाख परीक्षार्थी।
  • सॉफ्टवेयर से पहिला बेर लगावल गइल ड्यूटी।
  • पुलिस आ एसटीएफ के खास नजर।
  • समूह में नकल करवला पs लागी रासुका।

यूपी बोर्ड के हाईस्कूल आ इंटरमिडिएट परीक्षा आज से सुरू हो रहल बा। 8,373 परीक्षा केंद्रन पs 51,92,689 विद्यार्थी परीक्षा दी लो। पुलिस आ एसटीएफ के खास निगरानी में परीक्षा करावल जाई। संगठित होके चोरी करावे आलन पs रासुका लागू होई। अनुचित साधन इस्तेमाल कइला पs नियम के मोताबिक कारवाई होई। पहिला बेर केंद्रन पs वेवस्थापक आ निरीक्षक लोगन के ड्यूटि सोफ्टवेयर के इस्तेमाल से लगावल गइल बा। परीक्षा के लेके गोरखपुर प्रशासन के तइयारी पूरा हो गइल बा। जिला में 199 गो परीक्षा केंद्र बनावल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.