WordPress database error: [Table 'khabarbh_sdlkopui3678.wp_post_views' doesn't exist]SELECT SUM(count) AS views FROM wp_post_views WHERE id IN (23063) AND type = 4
UP Board Exam 2022: उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद यानी की आम भाषा में कहल जाए त यूपी बोर्ड के कक्षा दसवीं अउर बारहवीं बोर्ड के परीक्षा आज गुरुवार 24 मार्च, 2022 से शुरू कs देहल गइल बा। परीक्षा के पहले दिन पहली पाली में हाईस्कूल के प्रारंभिक हिंदी अउर इंटरमीडिएट में सैन्य विज्ञान के विषय के परीक्षा होई। उहें, दूसरकी पाली में इंटरमीडिएट हिंदी सामान्य हिंदी के परीक्षा होई।
UP Board Exam 2022: दू साल बाद हो रहल बा परीक्षा
उत्तर प्रदेश बोर्ड द्वारा 10वीं अउर बारहवीं कक्षा के परीक्षा के आयोजन 2 साल बाद कइल जा रहल बा। देश अउर दुनियाभर में आइल कोरोना महामारी के प्रकोप के कारण बोर्ड बीतल साल परीक्षा के रद्द कs देहले रहल| छात्र के विशेष मूल्यांकन पद्धति के आधार पs अगिला कक्षा में प्रोमोट क देहल गइल रहल।
UP Board Exam 2022: कड़े प्रावधान में हो रहल बा परीक्षा
यूपी बोर्ड परीक्षा को कदाचार मुक्त बनावे खातिर कड़ा प्रावधान कइले बा। सरकार ओर से जिला स्तर अउर राज्य स्तर पर कंट्रोल रूम बनावल गइल बा। एकरे माध्यम से प्रश्न-पत्र खुलले से लेके परीक्षा के बाद उत्तर पुस्तिका के सीलिंग ले के ऑनलाइन निगरानी कइल जाई। एकरे अलावा जिला के प्रशासनिक अउर पुलिस विभाग के अधिकारी परीक्षा केंद्र के औचक निरीक्षण करिहें। सरकार नकल करावे वाले संगठित गिरोहन पs राष्ट्रीय सुरक्षा कानून के तहत कार्रवाई कइले के बात कहले बा।
UP Board Exam 2022: 51 लाख से अधिक छात्र होइहें शामिल
यूपी बोर्ड के दसवीं अउर बारहवीं कक्षा की परीक्षाओं में 51 लाख से अधिक छात्र-छात्रा शामिल हो रहल बाने। बोर्ड छात्रन के एतना बड़हन संख्या के देख के बोर्ड राज्य के विभिन्नि जिला में 8,373 परीक्षा केंद्रन के व्यवस्था कइले बा। एमें से 861 अति संवेदनशील अउर 254 केंद्र संवेदनशील बा। परीक्षा दू पाली में आयोजित कइल जा रहल बा|