UP Board Exam Paper Leak Case: बलिया के DIOS के पुलिस हिरासत में लेहलस

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 30, 2022

यूपी बोर्ड के इंटरमीडिएट के अंग्रेजी विषय के पेपर लीक होखले के मामले में बलिया के डीआईओएस यानी जिला विद्यालय निरीक्षक बृजेश कुमार मिश्र के पुलिस हिरासत में ले लेहले बिया. पुलिस उनके पूछताछ खातिर

Share

यूपी बोर्ड के इंटरमीडिएट के अंग्रेजी विषय के पेपर लीक होखले के मामले में बलिया के डीआईओएस यानी जिला विद्यालय निरीक्षक बृजेश कुमार मिश्र के पुलिस हिरासत में ले लेहले बिया. पुलिस उनके पूछताछ खातिर कौनो अज्ञात जगही पs ले गइल.

पेपर लीक मामले के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ गंभीरता से लेहले बानें। ऊ बलिया के डीआईओएस बृजेश कुमार मिश्र के तत्काल प्रभाव से निलंबित कs देहनें। एकरे अलावा, एसटीएफ के मामला के जांच के आदेश देहले बानें. ऊ दोषियन पर एनएसए यानी रासुका के कार्रवाई कइले के निर्देश देहले बानें।

ए 24 जिला में निरस्त भइल परीक्षा

बता देईं कि 24 जिलों में इंटरमीडिएट की अंग्रेजी विषय के पेपर लीक होखले के कारण दूसरकी पाली के परीक्षा निरस्त कs देहल गइल. एह 24 जिला में बलिया, एटा, बागपत, बदायूं, आगरा, वाराणसी, मैनपुरी, मथुरा, अंबेडकरनगर, गोरखपुर, सीतापुर, कानपुर देहात, ललितपुर, चित्रकूट, प्रतापगढ़, गोंडा, आजमगढ़, अलीगढ़, गाजियाबाद, शामली, शाहजहांपुर, उन्नाव, जालौन अउर महोबा शामिल बा।

13 अप्रैल के होई अंग्रेजी के परीक्षा

यूपी बोर्ड के इंटरमीडिएट के अंग्रेजी विषय के परीक्षा अब 13 अप्रैल के आयोजित कइल जाई।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.