UP बोर्ड परीक्षा सुरु होई 24 मार्च से, हाई स्कूल, इंटर के टाइम टेबल जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 8, 2022

उत्तर प्रदेश में नेता लोग के परीक्षा यानी चुनाव सोमवार 7 मार्च के ख़तम होइते अब बचवन के परीक्षा सुरू होखने के ऐलान कs देहल गइल बा। एहमें यूपी बोर्ड के हाई स्कूल अउर इंटर

Share

उत्तर प्रदेश में नेता लोग के परीक्षा यानी चुनाव सोमवार 7 मार्च के ख़तम होइते अब बचवन के परीक्षा सुरू होखने के ऐलान कs देहल गइल बा। एहमें यूपी बोर्ड के हाई स्कूल अउर इंटर के परीक्षा शिड्यूल जारी कs देहल गइल बा। पहिला पेपर 24 मार्च के होई।

UP Board Exam Time Table 2022 के लेके छात्रन के मन में नगदे समय से कन्फ़्यूजन बनल रहल ह। जेसे अब उत्तर प्रदेश सरकार के ओर से खत्म करत हाई स्कूल अउर इंटरमेडियट के परीक्षा के समय जारी कs देहल गइल बा। जेमें यूपी बोर्ड के हाई स्कूल परीक्षा 24 मार्च से शुरू हो के 11 अप्रैल के खतम होई। अबकी इंटरमिडिएट के शिड्यूल 24 मार्च से शुरू होके 20 अप्रैल ले चली। एमें सबी विषयन के सहेजल गइल बा। ए बेर परीक्षा सेंटर पर जा के देवे के पड़ी। जबकि कोरोना के दौरान परीक्षा रद्द कs देहल गइल रहे।

High School Board Exam Time Table हाई स्कूल का टाइम टेबल

 

24 मार्च गुरुवार हिन्दी
26 मार्च शनिवार गृह विज्ञान
28 मार्च सोमवार चित्रकला / आर्ट

30 मार्च बुधवार कंप्यूटर

01 अप्रैल शुक्रवार इंगलिश / अँग्रेजी

04 अप्रैल सोमवार सामाजिक विज्ञान / सोशल साइंस

06 अप्रैल बुधवार विज्ञान / साइंस

08 अप्रैल शुक्रवार संस्कृत

11 अप्रैल सोमवार गणित / मैथ

 

Intermediate Exam Time table इंटर परीक्षा कार्यक्रम


24 मार्च गुरुवार हिन्दी / सामान्य हिन्दी
26 मार्च शनिवार भूगोल / गिओग्राफी
28 मार्च सोमवार गृह विज्ञान / होम साइंस
30 मार्च बुधवार चित्रकला / आर्ट
01 अप्रैल शुक्रवार अर्थशास्त्र / इकोनोमिक्स
04 अप्रैल सोमवार कंप्यूटर
06 अप्रैल बुधवार इंग्लिश / अँग्रेजी
08 अप्रैल शुक्रवार रसायन विज्ञान / केमिष्ट्री / इतिहास / हिस्ट्री

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.