Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP BEd Entrance Exam 2022-23 : 18 अप्रैल से भरल जाई बीएड संयुक्त प्रवेश परीक्षा के आवेदन फारम

रुहेलखंड विश्वविद्यालय बलिया करा रहल बा ई परीक्षा

121
सीवान इन्शुरेंस 720 90

उत्तर प्रदेश बीएड संयुक्त प्रवेश परीक्षा 2022-23 के आवेदन 18 अप्रैल से भरल जाई। आवेदन प्रक्रिया 20 मई ले चली। शासन के ओर से आवेदन प्रक्रिया के शेड्यूल रुहेलखंड विश्वविद्यालय के भेज देहल गइल बा।
उत्तर प्रदेश बीएड संयुक्त प्रवेश परीक्षा 2022-23 के आवेदन 18 अप्रैल से भरल जाई। आवेदन प्रक्रिया 20 मई ले चली। शासन के ओर से आवेदन प्रक्रिया के शेड्यूल रुहेलखंड विश्वविद्यालय के भेज देहल गइल बा। परीक्षा जुलाई के पहिला सप्ताह में होई। बीएड प्रवेश परीक्षा के तैयारी को लेके विश्वविद्यालयने कोर वर्किंग ग्रुप के गठन कs देहले बा। आज होखे वाला बैठक में परीक्षा के तैयारी से जुड़ल कई दूसर दूसर महत्वपूर्ण निर्णय लेहल जाई।
एह बरिस उत्तर प्रदेश बीएड संयुक्त प्रवेश परीक्षा 2022 के आयोजन के जिम्मेदारी रुहेलखंड विश्वविद्यालय, बरेली के मिलल बा। शासन के ओर से बीएड संयुक्त प्रवेश परीक्षा खातिर आवेदन शुल्क सामान्य अउर ओबीसी खातिर 1000 रुपया अउर एससी-एसटी खातिर 500 रुपया रखल गइल बा। सामान्य-ओबीसी खातिर 1600 रुपया अउर एससी-एसटी खातिर 800 रुपया विलंब शुल्क निर्धारित कइल गइल बा। रुहेलखंड विश्वविद्यालय प्रशासन शासन से आवेदनफार्म भरले के कार्यक्रम मिलले के बाद तैयारी शुरू कs देहले बा। दूसरे ओर परीक्षा के ले के शासन से मार्गदर्शन लेहले खातिर विश्वविद्यालय के अफसर मंगलवार के लखनऊ जइहें। संगही 2021 के बीएड परीक्षा करावे वाली लखनऊ यूनिवर्सिटी के अफसरन के संगे मीटिंग करिहें।

परीक्षा को लेकर सात सदस्यीय कोर ग्रुप के गठन

संयुक्त बीएड प्रवेश परीक्षा को लेकर रुहेलखंड विश्वविद्यालय सात सदस्यीय कोर ग्रुप के गठन कइले बा। कोर ग्रुप में कुलसचिव डॉ. राजीव कुमार स्टेट कोआर्डिनेटर, सदस्य प्रो. एसके पांडेय, प्रो. आलोक श्रीवास्तव, डॉ. क्षमा पांडेय, डॉ. गौरव राव, डॉ. ईरम नईम अउर आलोक सक्सेना शामिल बानें। कुलसचिव के अध्यक्षता में सोमवार के कोर ग्रुप के बैठक होई।

Middle Yayawari
236190cookie-checkUP BEd Entrance Exam 2022-23 : 18 अप्रैल से भरल जाई बीएड संयुक्त प्रवेश परीक्षा के आवेदन फारम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.