UP 12th Board paper leak: इंग्लिश के पेपर भइल लीक

कुमार आशू
- Sponsored Ads-

उत्तरप्रदेश के 12वीं कक्षा बोर्ड परीक्षा में फिर पेपर लीक के मामला सामने आइल बा। एह बेर इंग्लिश के पेपर लीक भइल बा। बतावल जा रहल बा कि प्रदेश के कौशाम्बी जिला में ई पेपर आउट भइल। बता देई कि कौशाम्बी के नाम नकल खातिर पूरे प्रदेश में सबसे ज्यादा चर्चित बा।

जिला प्रशासन के अधिकारियन के दावा ओह समय फेल हो गइल जब बुधवार के 12वीं (इंटरमीडिएट) के अंग्रेजी के पेपर 5 घंटा पहिलही लीक हो गइल। ई पेपर सोशल मीडिया पर लीक भइल अउर पेपर शुरू होखले से पहिलही ई पेपर सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल रहल। अधिकारी लोग पहिले ई दावा कइले रहल कि ई गलत पेपर रहल, लेकिन परीक्षा खत्म होखले के बाद जब वायरल पेपर से एकर मिलान कइल गइल त अधिकारियन के होश उड़ गइल काहेंसेकि वायलर भइल पेपर हूबहु निकलल।

- Sponsored Ads-

गौरतलब बा कि बुधवार के दुसरका शिफ्ट में 12वीं कक्षा (इंटरमीडिएट) के इंग्लिश के पेपर रहल। लगातार पेपर लीक के मामले सामने आने के बाद अधिकारी लोग कई दावा कइल। लेकिन एकरे बावजूद पेपर लीक हो गइल। सोशल मीडिया पs उहे पेपर वायरल हो गइल जौन लइकन तक पहुंचल रहल।

- Sponsored Ads-

Share This Article