Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अंडर-19 वर्ल्ड कप पहिला सेमीफाइनल आज : भारत आ मेजबान साउथ अफ्रीका होई आमने-सामने ; जानीं पॉसिबल प्लेइंग इलेवन

1,643

भारत आ साउथ अफ्रीका के बीच आज अंडर-19 मेंस वर्ल्ड कप के पहिला सेमीफाइनल खेलल जाई। मुकाबला बेनोनी के विलोमूर पार्क स्टेडियम में भारतीय समयानुसार दोपहर 1:30 बजे से सुरू होई। सुपर-6 स्टेज में भारत ग्रुप-1 में टॉप कइलस, जबकि मेजबान साउथ अफ्रीका ग्रुप-2 में दूसरका नंबर पs रहल।

अंडर-19 वनडे वर्ल्ड कप के ई 15वां एडिशन हs, जवन साउथ अफ्रीका में खेलल जा रहल बा। दूसरका सेमीफाइनल आठ फरवरी के ऑस्ट्रेलिया आ पाकिस्तान के बीच खेलल जाई। भारत एहु साल वर्ल्ड कप जीते के प्रबल दावेदार बा। टीम इंडिया टूर्नामेंट के सबसे सफल टीम हियs, टीम पांच खिताब जीतले बा।

हेड टु हेड में भारत हावी

भारत आ साउथ अफ्रीका अंडर-19 टीम के बीच अब तक कुल 25 वनडे खेलल गइल बा। भारत 19 मैच जीतले बा तs ओहिजा साउथ अफ्रीका खाली छव मुकाबला जीत सकल बा। ओहिजा वर्ल्ड कप में दुनो टीम आठ बेर आमने-सामने भइल बा। चार मैच भारत आ चार मैच साउथ अफ्रीका जीतल बा।

2008 के वर्ल्ड कप फाइनल में इहे दुनो टीम भिड़ल रहली  सs। तब विराट कोहली के कप्तानी में टीम इंडिया वेन पार्नेल के कप्तानी वाली साउथ अफ्रीका के हराके खिताब जीतले रहे।

भारत के टॉप रन स्कोरर मुशीर खान

भारत अभी ले एह टूर्नामेंट में आपन सब पांच मैच जीतले बा। ऊ आपन पहिला मैच में बांग्लादेश के 84 रन, दूसरका मैच में आयरलैंड के 201 रन, तीसरका मैच में अमेरिका के 201 रन, चउथा मैच में न्यूजीलैंड के 214 रन आ पांचवां मैच में नेपाल के 132 रन से हरवलस।

टीम खातिर टॉप रन स्कोरर मुशीर खान बाड़ें। ऊ पांच मैचन में 334 रन बनवले बाड़ें। एह दौरान ऊ दु शतक आ एगो अर्धशतक लगवलें। ओहिजा, टीम के टॉप विकेट टेकर सौम्य पांडे बाड़ें। ऊ पांच मैचन में 16 विकेट लेले बाड़ें।

साउथ अफ्रीका अपना सुरुआती पांच में से चार मैच जीतले बा। ऊ अपना पहिला मैच में वेस्टइंडीज के 31 रन से हराके जीत से सुरुआत कइलस। बाकिर दूसरका मैच में ओकरा इंग्लैंड के खिलाफ हार के सामना करे के पड़ल। तीसरका मैच में स्कॉटलैंड के सात विकेट, चउथा मैच में जिम्बाब्वे के नव विकेट आ पांचवां मैच में श्रीलंका के 119 रन से हरवलस।

टीम खातिर सबसे जादे रन स्टीव स्टॉक बनवले बाड़ें। ऊ पांच मैचन में 214 रन बनवले बाड़ें। एह दौरान ऊ दु अर्धशतक लगवलें। ओहिजा टीम खातिर सबसे जादे विकेट क्वेना मफाका लेले बाड़ें। ऊ पांच मैचन में 18 विकेट लेले बाड़ें, ऊ टूर्नामेंट के टॉप विकेट टेकरो हवे।

दुनो टीमन के पॉसिबल प्लेइंग इलेवन

भारत: उदय सहारन (कप्तान), आदर्श सिंह, अर्शिन कुलकर्णी, मुशीर खान, प्रियांशु मोलिया, सचिन धास, अरावेली अवनीश (विकेटकीपर), मुरुगन अभिषेक, नमन तिवारी, राज लिम्बानी आ सौम्य पांडे।

साउथ अफ्रीका: जुआन जेम्स (कप्तान), लुआन-ड्रे प्रीटोरियस (विकेटकीपर), स्टीव स्टॉक, डेविड टीगर, रिचर्ड सेलेट्सवेन, डेवान मराइस, रोमाशैन पिल्ले, रिले नॉर्टन, ट्रिस्टन लुस, नकोबानी मोकोएना और क्वेन मफाका।

729240cookie-checkअंडर-19 वर्ल्ड कप पहिला सेमीफाइनल आज : भारत आ मेजबान साउथ अफ्रीका होई आमने-सामने ; जानीं पॉसिबल प्लेइंग इलेवन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.