[the_ad_group id="30365"]

UGC NET Admit Card 2026 जारी, NTA के वेबसाइट से अइसे करीं डाउनलोड

UGC NET Admit Card 2026 released by NTA for June examination download
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। यूजीसी नेट जून परीक्षा 2026 में सामिल होखे वाला अभ्यर्थियन खातिर एगो जरूरी खबर बा। नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) यूजीसी नेट जून परीक्षा के एडमिट कार्ड जारी कs देले बा। जे उम्मीदवार यूजीसी नेट परीक्षा देवे वाला बा लोग आ एडमिट कार्ड के इंतजार करत रहे, ऊ अब एनटीए के आधिकारिक वेबसाइट पs जाके आपन हॉल टिकट डाउनलोड कs सकेला लोग।

अभ्यर्थी ugcnet.nta.nic.in वेबसाइट पs जाके एडमिट कार्ड डाउनलोड कs सकेलें। एडमिट कार्ड डाउनलोड करे खातिर उम्मीदवार के एप्लीकेशन नंबर, पासवर्ड आ सिक्योरिटी पिन दर्ज करे के होई।

UGC NET Admit Card 2026 अइसे करीं डाउनलोड

यूजीसी नेट जून परीक्षा के एडमिट कार्ड डाउनलोड करे खातिर उम्मीदवार नीचे दिहल गइल तरीका के पालन कs सकेला लोग-

  1. सबसे पहिले एनटीए के आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.nic.in पs जाईं।
  2. होमपेज पs Candidate Activity सेक्शन पs क्लिक करीं।
  3. अब Release of Admit Card for the UGC-NET June 2026 Examination लिंक पs क्लिक करीं।
  4. आपन एप्लीकेशन नंबर, पासवर्ड आ सिक्योरिटी पिन दर्ज करीं।
  5. लॉगिन करतहीं एडमिट कार्ड स्क्रीन पs खुल जाई।
  6. एडमिट कार्ड डाउनलोड कs के ओकर प्रिंटआउट जरूर निकाल लीं।

कब होई UGC NET जून परीक्षा?

यूजीसी नेट जून 2026 परीक्षा 22 जून से 30 जून तक अलग-अलग परीक्षा केंद्रन पs कंप्यूटर आधारित मोड में आयोजित कइल जाई। परीक्षा के आयोजन 22, 23, 24, 25, 29 आ 30 जून 2026 के कइल जाई।

केतना अंक के होई परीक्षा?

  • यूजीसी नेट परीक्षा में दू गो पेपर होई।
  • पहिले पेपर में 100 अंक के 50 सवाल पूछल जाई।
  • दूसरका पेपर 200 अंक के होई, जवना में 100 सवाल सामिल रही।

अभ्यर्थियन के सलाह बा कि परीक्षा के पैटर्न आ समय से जुड़ल जानकारी खातिर एनटीए के आधिकारिक वेबसाइट जरूर देखत रहीं।

परीक्षा से पहिले एह बातन के जरूर धेयान में रखीं

एनटीए अभ्यर्थियन के सलाह देले बा कि परीक्षा के दिन एडमिट कार्ड जरूर संगे लेके जाईं। एकरा अलावे परीक्षा केंद्र के जानकारी एक दिन पहिले जरूर देख लीं, ताकि परीक्षा के दिन कवनो तरे के परेसानी ना होखे।

Read Also: Maharashtra Politics : टीएमसी के बाद शिवसेना (UBT) में बड़हन टूट के संकेत, 6 सांसद दिल्ली पहुंचल लोग, राउत लगवलें करोड़न के ऑफर के आरोप

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]