Maharashtra Politics : टीएमसी के बाद शिवसेना (UBT) में बड़हन टूट के संकेत, 6 सांसद दिल्ली पहुंचल लोग, राउत लगवलें करोड़न के ऑफर के आरोप

Shiv Sena UBT split as six MPs reach Delhi to meet Lok Sabha Speaker

Share

नई दिल्ली। ममता बनर्जी के तृणमूल कांग्रेस (टीएमसी) के बाद अब उद्धव ठाकरे के शिवसेना (UBT) में बड़हन राजनीतिक हलचल देखे के मिल रहल बा। खबर बा कि पार्टी के 6 सांसद लोकसभा स्पीकर ओम बिरला से मुलाकात कs सकेला लाेग।

शिवसेना (UBT) के कुल 9 लोकसभा सांसदन में से 6 सांसद मंगर के रात चार्टर्ड विमान से दिल्ली पहुंचल लोग। सूत्रन के मोताबिक, एह सांसदन के अगिला डेग पs सब केहू के नजर टिकल बा।

श्रीकांत शिंदे के घरे हो सकेला बैठक

सूत्रन के कहनाम बा कि महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री आ शिवसेना अध्यक्ष एकनाथ शिंदे दिल्ली पहुंच गइल बाड़ें। बतावल जा रहल बा कि बागी सांसदन के बैठक श्रीकांत शिंदे के आवास पs हो सकेला। एह बैठक के बाद प्रेस कॉन्फ्रेंस करे के संभावना जतावल जा रहल बा।

शिवसेना (शिंदे गुट) के एमएलसी कृपाल तुमाने पहिले दावा कइले रहलें कि ‘ऑपरेशन टाइगर’ के तहत सांसदन से पिछिला एक महीना से बातचीत चल रहल बा आ अब ई प्रक्रिया अंतिम दौर में पहुंच गइल बा।

संजय राउत लगवलें 15 करोड़ रुपिया ऑफर के आरोप

ओहिजा, उद्धव ठाकरे गुट के नेता संजय राउत एह पूरा घटनाक्रम पs सवाल उठवले बाड़ें। संजय राउत सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs पोस्ट करत आरोप लगवलें कि सांसदन के पार्टी बदले खातिर 15-15 करोड़ रुपिया के एडवांस ऑफर दिहल जा रहल बा।

ऊ लिखलें कि महाराष्ट्र के सांसदन के आज रात पार्टी बदले खातिर 15 करोड़ रुपिया एडवांस के तौर पs दिहल जा रहल बा, जवन बहुते शर्मनाक बा। हालांकि, एकरा से पहिले राउत कहले रहलें कि सांसदन के गुट बदले के खबर पूरा तरे गलत बा।

उद्धव ठाकरे पहिले दे चुकल बाड़ें बयान

शिवसेना (UBT) प्रमुख उद्धव ठाकरे पहिलही एह तरे के संभावना पs बयान दे चुकल बाड़ें। ऊ कहले रहलें कि जेकरा पार्टी छोड़ के जाए के बा, ऊ खुसी-खुसी जा सकेला। बगावत के जानकारी रहे, बाकिर कवनो सांसद पs दबाव नइखे बनावल गइल। उद्धव ठाकरे कहलें कि कवनो व्यक्ति के जबरदस्ती रोकल ठीक नइखे। जे लोग बाला साहेब ठाकरे के शिवसेना छोड़ के गइल बा, ओकरा आगे पछतावा होई।

अब सब केहू के नजर शिवसेना (UBT) सांसदन के अगिला डेग आ लोकसभा स्पीकर ओम बिरला के मुलाकात पs टिकल बा।

Read Also: 17 जून 2026 के राशिफल

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-