UGC NET 2024: एह सेंटर खातीर परीक्षा भइल स्थगित, अब कब होई एग्जाम; जानीं

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2024

  नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) 27 अगस्त के शंकर ग्रुप ऑफ इंस्टीट्यूशंस, SP-41, RIICO इंडस्ट्रियल एरिया, कुकस, नेशनल हाईवे 11C, कुकस, जयपुर, में होखे वाला पाली 1 के यूजीसी नेट परीक्षा टार दिहले बिया। ए

Share

 

नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) 27 अगस्त के शंकर ग्रुप ऑफ इंस्टीट्यूशंस, SP-41, RIICO इंडस्ट्रियल एरिया, कुकस, नेशनल हाईवे 11C, कुकस, जयपुर, में होखे वाला पाली 1 के यूजीसी नेट परीक्षा टार दिहले बिया। ए संबंध में आधिकारिक नोटिस जारी कs दिहल गईल बा। नोटिस में कहल गइल बा कि परीक्षा के दौरान तकनीकी गड़बड़ी के चलते ई फैसला लिहल गइल बा. उपरोक्त केंद्र में यूजीसी नेट 2024 के परीक्षा में हाजिर होखे के पड़ल उम्मीदवार यूजीसी के आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.ac.in पs आधिकारिक सूचना देख सकतारे।

अब कब परीक्षा होई? 

हालांकि अबे ले नया परीक्षा के तारीख के घोषणा नईखे भईल। एह संबंध में नोटिस में कहल गइल बा कि राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी तारीख, समय आ परीक्षा स्थल खातिर अलगा से नोटिस जारी करी.

ऑफिशियल नोटिस

आधिकारिक नोटिस में कहल गईल बा कि, “शंकरा ग्रुप ऑफ इंस्टीट्यूशंस, एसपी-41, रीको इंडस्ट्रियल एरिया, कुकस, नेशनल हाईवे 11सी, कुकस, जयपुर, राजस्थान, भारत, 302028, यूजीसी-नेट जून 2024 में परीक्षा प्रक्रिया के दौरान तकनीकी गड़बड़ी के चलते “। 27.08.2024 (शिफ्ट-I) के निर्धारित (पुनर्निर्धारित) परीक्षा सीबीटी मोड में ना हो सकल।”

ऑफिशियल नोटिस:फोटो

एहमें कहल गइल बा कि “एनटीए 27.08.2024 के शिफ्ट-I में उपरोक्त केन्द्र में आवंटित सगरी अभ्यर्थियन के परीक्षा फेर से करावे के फैसला कइले बा. परीक्षा के तारीख, समय आ जगह के एलान एनटीए अलगा से जनता में करी.” एह संबंध में सूचना दिहल जाई.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.