Bihar: पीएम आवास के फंड लेके घर ना बनवावे वालन पs गिरी गाज, सरकार 2 लाख लोगन के भेजलस रेड-व्हाइट नोटिस

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 24, 2023

सरकार के तरफ से प्रधानमंत्री आवास योजना ग्रामीण (पीएमएवाई-जी) के 2.21 लाख लाभार्थियन के नोटिस भेजल गइल बा। ग्रामीण विकास विभाग के समीक्षा में सामने आइल बा कि रुपिया लेला के बादो लाभार्थी तय समय

Share

सरकार के तरफ से प्रधानमंत्री आवास योजना ग्रामीण (पीएमएवाई-जी) के 2.21 लाख लाभार्थियन के नोटिस भेजल गइल बा। ग्रामीण विकास विभाग के समीक्षा में सामने आइल बा कि रुपिया लेला के बादो लाभार्थी तय समय सीमा बीत गइला के बादो आवास के निर्माण पूरा नइखे कइले लो।

अइसन में लाभार्थियन के संगे आवास निर्माण के मॉनिटरिंग करे वाला 347 सरकारी कर्मियन (309 आवास सहायकन आ 38 आवास पर्यवेक्षकन) के खिलाफ विभागीय कार्रवाई सुरू कs दिहल गइल बा।

एह बीच विभागीय कर्मियन के संगे आवास योजना के लाभ लेवे  वालन के शिकायत बा कि निर्माण सामग्री पs महंगाई के मार आ मजदूरी दर कम होखे के कारण आवास अधूरा बा।

नोटिस भेज दिहल गइल चेतावनी

शासन के समीक्षा रिपोर्ट के मोताबिक, विभाग पीएमएवाई-जी के तहत पूरा राशि मिल गइला के बादो मकान के निर्माण पूरा ना कइला पs 94,027 लाभार्थियन के ‘रेड नोटिस’ देले बा। ओहिजा, 1 लाख 27 हजार 463 के ‘व्हाइट नोटिस’ भेजल गइल बा।

बता दीं कि ‘रेड नोटिस’ ओकरा खिलाफ भेजल जाला, जेकरा विरुद्ध विभाग कानूनी कार्रवाई के तइयारी कर रहल होला। व्हाइट नोटिस उल्लंघनकर्ता के योजना के तहत घर के निर्माण काम जल्दी पूरा करे के चेतावनी के तौर पs भेजल जाला। एमे अइसन लाभार्थी बा जे कुल 1.20 लाख रुपिया के तुलना में 40 से लेके 80 हजार रुपिया तक के राशि के भुगतान प्राप्त कs लेले बा।

ना तs आजीवन हो जाएम वंचित

सवा दु लाख परिवारन के नोटिस देला के प्रश्न पs ग्रामीण विकास मंत्री श्रवण कुमार के कहनाम बा कि सरकार के ई महत्वाकांक्षी योजना बा। लाभार्थी के पूरा जीवन काल में एक बेर आवास योजना के लाभ देवे के प्रविधान बा। अइसन में सरकार के कोसिस बा कि योजना के लाभ लेवे वाला हर हाल में आवास के निर्माण सुनिश्चित करे। एही संर्दभ में 2 लाख 21 हजार 490 लाभार्थियन के नोटिस (रेड आ व्हाइट दुनो) दिहल गइल बा। नोटिस के गंभीरता से ना लेवे वाला आजीवन आवास योजना से वंचित हो जाई लो।

गया जिला में सर्वाधिक नोटिस

ग्रामीण विकास विभाग के आंकड़न के अनुसार गया जिला में सबसे जादे 21,375 लाभार्थियन के नोटिस दिहल गइल बा। ओहिजा, पूर्वी चंपारण में 16,955 लाभार्थियन के, मधुबनी में 14,753 लाभार्थियन के, बेगूसराय में 13,709 लाभार्थियन के, नवादा में 13,344 लाभार्थियन के, अररिया में 11,806 लाभार्थियन के मधेपुरा में 11,338 के आ सारण में 10,412 लाभार्थियन के नोटिस जारी कइल गइल बा।

साभार: दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.