Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मशरक प्रखंड में दु दिन के स्कूली दक्ष खेलकूद प्रतियोगिता सुरू भइल

586

मशरक (सारण)/प्रितम कुमार सिंह: मशरक प्रखंड स्तरीय दु दिन के दक्ष स्कूली खेलकूद प्रतियोगिता के सुभारंभ सुक के मशरक मुख्यालय नगर पंचायत अवस्थित राजकीयकृत उच्चतर माध्यमिक विद्यालय मशरक के खेल प्रांगण में भइल। मशरक बीडीओ मो आसिफ खेल मैदान के विधिवत पूजा अर्चना कs के खिलाड़ियन से परिचय प्राप्त कइलें।

खिलाडयन के संबोधित करते बीडीओ कहलें कि आज खेल जीवन शैली के बेहतर बनावे के संगही रोजगारो के अवसर उपलब्ध करा रहल बा। मशरक के कइयन गो प्रतिभागी लो कइयन गो खेल में राष्ट्रीय स्तर पs पदक प्राप्त कइले बा लो। अब बारी बा युवा खिलाड़ी ओलंपिक के तैयारी लगन से करे लोग।

पहिला दिन भइल खो-खो आ कब्बड़ी के प्रतियोगिता

पहिला दिन खेलल गइल फाइनल मुकाबला में कबड्डी बालिका वर्ग में प्रोजेक्ट कन्या उच्च विद्यालय मशरक विजेता भइल जबकि राजकीयकृत उच्चतर माध्यमिक विद्यालय मशरक बालिका खो खो में विजेता, कबड्डी बाल, बालिका में उपविजेता हुआ। अवध उच्च विद्यालय चैनपुर बालक कबड्डी में विजेता आ बालिका खो खो में उपविजेता भइल।

मैच के संचालन उच्च विद्यालय मशरक के शिक्षक सह प्रखंड दक्ष खेल संयोजक संजय कुमार सिंह कइलें। तकनीकी पदाधिकारी के रूप में संजय कुमार सिंह, कुमार कौशलेंद्, सत्य प्रकाश कुमार, नितेश कुमार, आनंद कुमार सहित आउर लोग मवजूद रहे।

मवका पs प्रखंड सांख्यिकी पदाधिकारी संजय कुमार सिंह , प्रखंड सहकारिता पदाधिकारी संदीप कुमार, अवध उच्च विद्यालय चैनपुर के प्रधानाध्यापक महेश प्रसाद चौरसिया, बीआरसी शिक्षक रहमत अली मंसूरी , सिआरसी संजय कुमार सहित आउर लोग मवजूद रहे।

442430cookie-checkमशरक प्रखंड में दु दिन के स्कूली दक्ष खेलकूद प्रतियोगिता सुरू भइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.