चुनाव रिजल्ट के दू दिन बाद कांग्रेस मरलस सेंचुरी, के हऽ उऽ निर्दलीय सांसद जे देलस आपन समर्थन

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 7, 2024

महाराष्ट्र के सांगली सीट से जीतल निर्दलीय उम्मीदवार विशाल पाटिल कांग्रेस के आपन समर्थन दे देले बाड़े। मल्लिकार्जुन खरगे से मिलके उऽ आपन समर्थन पत्र सौंपले। जानकारी के मुताबिक विशाल पाटिल कांग्रेस के टिकट पs

Share

महाराष्ट्र के सांगली सीट से जीतल निर्दलीय उम्मीदवार विशाल पाटिल कांग्रेस के आपन समर्थन दे देले बाड़े। मल्लिकार्जुन खरगे से मिलके उऽ आपन समर्थन पत्र सौंपले। जानकारी के मुताबिक विशाल पाटिल कांग्रेस के टिकट पs चुनाव लड़े के इच्छा जाहिर कइले रहले बाकिर सीट शेयरिंग के वजह से ई सीट उद्धव गुट के मिल गइल। एकरा बाद उऽ निर्दलीय सांसद के तौर पs चुनाव लड़े के फैसला कइले।

लोकसभा चुनाव में कांग्रेस के 99 सीट मिलल। हालांकि, चुनाव परिणाम सामने अइला के बाद कांग्रेस अब सेंचुरी मार देले बिया। रिजल्ट अइला के दू दिनों बाद अब लोकसभा में कांग्रेस के 100 सीट हो जाई। दरअसल, महाराष्ट्र के सांगली सीट से जीतल निर्दलीय उम्मीदवार विशाल पाटिल (Vishal Patil Independent MP) कांग्रेस के अपना समर्थन दे देले बाड़े।

कांग्रेस के टिकट पऽ चुनाव लड़ल चाहत रहले विशाल पाटिल

मल्लिकार्जुन खरगे से मिलके उऽ आपन समर्थन पत्र सौंपले। जानकारी के मुताबिक विशाल पाटिल कांग्रेस के टिकट पs चुनाव लड़े के इच्छा जाहिर कइले रहले बाकिर सीट शेयरिंग के वजह से ई सीट उद्धव गुट के मिल गइल। एकरा बाद उऽ निर्दलीय सांसद के तौर पs चुनाव लड़े के फैसला कइले।

आईएनडीआईए गठबंधन के 234 सीट मिलल

विशाल पाटिल एक लाख से ज्यादा वोटन से जीत दर्ज कइले। एह लोकसभा चुनाव में आईएनडीआईए गठबंधन के 234 सीट मिलल बा। उहे, एनडीए के 293 सीट मिलल बा। हालांकि, अबकी बीजेपी बहुमत के आंकड़ा छूवे में असमर्थ रहल बिया।

बता दी कि महाराष्ट्र के तऽ राज्य में एनडीए के 17 सीट मिलल। उहे, आईएनडीआई गठबंधन के 30 सीट हासिल भइल। राज्य में भाजपा के खाली 9 सीट मिलल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.