ट्रक-हाइवा के बीच टक्कर, एक घायल: मसरख में रेलवे ओवरब्रिज पs 3 घंटा तक लागल जाम

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 19, 2025

छपरा : मसरख थाना क्षेत्र के चैनपुर गांव में एनएच 227ए रेलवे ओवरब्रिज के लगे ट्रक आ हाइवा के टक्कर हो गइल। हादसा में ट्रक चालक मुकेश कुमार गंभीर रूप से घायल हो गइलें। मुकेश

Share

ट्रक-हाइवा के बीच टक्कर, एक घायल: छपरा में रेलवे ओवरब्रिज पs 3 घंटा तक लागल जाम

छपरा : मसरख थाना क्षेत्र के चैनपुर गांव में एनएच 227ए रेलवे ओवरब्रिज के लगे ट्रक आ हाइवा के टक्कर हो गइल। हादसा में ट्रक चालक मुकेश कुमार गंभीर रूप से घायल हो गइलें। मुकेश मोतिहारी के लोरिया के रहे वाला हवे। घटना मंगर के सांझ के हs। डुमरसन के तरफ से आ रहल तेज रफ्तार ट्रक के टक्कर मसरख के तरफ जा रहल हाइवा से भइल। टक्कर एतना जोरदार रहे कि ट्रक के परखच्चा उड़ गइल। आवाज सुनके आनंद फॉर्म के स्थानीय लोग मवका पs पहुंचल लो। ऊ ट्रक में फंसल चालक के बाहर निकललें आ पुलिस के सूचना दिहल लो।

112 के टीम घायल चालक के पहिले सीएचसी मसरख में भर्ती करवलस। प्राथमिक उपचार के बाद गंभीर हालत में घायल के सदर अस्पताल छपरा रेफर कs दिहल गइल। दुर्घटना के कारण रेलवे ओवरब्रिज पs दुनो तरफ वाहनन के लमहर कतार लाग गइल। पुलिस आ स्थानीय लोगन के मदद से करीब तीन घंटा बाद ट्रक आ हाइवा के हटाके यातायात बहाल कइल गइल। गौर करे वाला बात बा कि एनएच 227 ए राम जानकी पथ पs आइल दिन बेकाबू वाहनन से दुर्घटना घटित हो रहल बा।

Read Also: Champions Trophy: पाकिस्तान बनाम न्यूजीलैंड मैच से होई आगाज, कब-कहां आ कइसे देख पाएम फ्री में लाइव मैच

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.