Mau Accident : मऊ में दर्दनाक सड़क हादसा, पांच लोगन के मौत, बेटी के बियाह से लवटत परिवार पs टूटल कहर

Share

मऊ। उत्तर प्रदेश के मऊ जिला में सुक के देर रात एगो भीषण सड़क हादसा में एके परिवार के तीन सदस्य सहित कुल पांच लोगन के दर्दनाक मौत हो गइल। हादसा से इलाका में चीख-पुकार मच गइल आ गांव में शोक के माहौल बा।

बेटी के बियाह से लवटत रहे परिवार

जानकारी के मोताबिक, गोरखपुर जिला के खोराबार थाना क्षेत्र के रानीडीहा गांव के रहे वाला विनय श्रीवास्तव (60) अपना बेटी के बियाह खातिर झारखंड के रांची गइल रहलें। बियाह पूरा होखला के बाद ऊ अपना पत्नी अर्चना श्रीवास्तव (58) आ बेटा कृतार्थ श्रीवास्तव (27) संगे स्कॉर्पियो गाड़ी से घरे लवटत रहलें।

गाड़ी बिहार के गया निवासी चालक पुरुषोत्तम (47) चलावत रहलें, जबकि दूसरका चालक नितीश (46) पीछे बइठल रहलें। परिवार के संगे उनकर पालतू कुत्ता मवजूद रहे।

तेज रफ्तार स्कॉर्पियो डिवाइडर से टकराई

सुक के रात करीब 2:30 बजे, जब गाड़ी दोहरीघाट थाना क्षेत्र के कुसुम्हा बशारतपुर के लगे गोरखपुर-वाराणसी फोरलेन पs पहुंचल, तब चालक के झपकी आ गइल। एकरा से गाड़ी अनियंत्रित हो गइल आ पहिले डिवाइडर से टकराइल, फेर दोसरा लेन में जाके ट्रेलर से जोरदार भिड़ंत हो गइल।

टक्कर एतना भयंकर रहे कि स्कॉर्पियो के अगिला हिस्सा पूरा तरे चकनाचूर हो गइल आ सब सवार गाड़ी में फंस गइल लो।

ढाई घंटा मशक्कत के बाद निकालल गइल शव

घटना के सूचना मिलतही सीओ घोसी जितेंद्र सिंह आ थाना प्रभारी संजय कुमार त्रिपाठी पुलिस टीम संगे घटनास्थल पs पहुंच गइलें। पुलिस आ फॉरेंसिक टीम करीब ढाई घंटा तक मशक्कत कइलस आ गाड़ी काट के सब शव बाहर निकालल गइल।

सबेरे करीब पांच बजे पांचों लोगन के शव बाहर निकाल के पोस्टमार्टम खातिर जिला अस्पताल भेज दिहल गइल।

गांव में शोक के माहौल

पुलिस अधिकारी बतवलें कि हादसा के जानकारी परिजनन के दे दिहल गइल बा। सड़क से क्षतिग्रस्त गाड़ी हटाके यातायात बहाल कs दिहल गइल बा। एह दर्दनाक हादसा के बाद मृतकन के गांव में मातम पसर गइल बा आ लोगन में गम के माहौल बा।

Read Also: FIR on Pappu Yadav : पूर्णिया सांसद पप्पू यादव पs पटना में एफआईआर, महिला पs विवादित बयान पड़ल भारी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-