FIR on Pappu Yadav : पूर्णिया सांसद पप्पू यादव पs पटना में एफआईआर, महिला पs विवादित बयान पड़ल भारी

Share

पटना। राजनीत में आवे वाली महिला पs आपत्तिजनक टिप्पणी के ममिला में पप्पू यादव के खिलाफ पटना के शास्त्रीनगर थाना में एफआईआर दर्ज कइल गइल बा।

ई शिकायत रीना कुमारी चौधरी (जदयू प्रदेश सचिव) के ओर से दर्ज करावल गइल बा। 20 आ 21 अप्रिल के प्रेस कॉन्फ्रेंस में दिहल बयान के आधार पs ई कार्रवाई कइल गइल बा।

आपत्तिजनक बयान से मचल बवाल

शास्त्रीनगर थाना में दर्ज प्राथमिकी में कहल गइल बा कि सांसद के बयान से आहत होके ई डेग उठावल गइल बा। आरोप बा कि प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान ऊ महिला लोगन के खिलाफ बेहद अपमानजनक आ अश्लील टिप्पणी कइले रहलें।

एह बयान के वीडियो सोशल मीडिया पs तेजी से वायरल हो गइल। बयान में कहल गइल कि 90 प्रतिशत महिला लोग बिना नेता लोगन के कमरा में गइले राजनीति में घुस ना सकेला।

एहसे आगे बढ़त ऊ ई आरोप लगवले कि राजनीति में काम करे वाली महिला पुरुष नेता लोग के संगे संबंध बनवला के बादे सफलता पावेली।

बयान पs उठल सवाल

जब एह बयान पs सवाल उठल, तs सांसद एकर बचाव करे के कोसिस कइल लोग। बाकिर ई बयान सार्वजनिक जिनगी में सक्रिय महिला लोगन के सम्मान, चरित्र आ सामाजिक गरिमा पs सीधा हमला मानल जा रहल बा।

शिकायत में कहल गइल बा कि ई बयान ना खाली महिला के गरिमा के ठेस पहुंचावत बा, बलुक राजनीति में आवे वाली महिला लोगन खातिर नकारात्मक आ डरावना माहौल तइयार कs रहल बा।

राज्य महिला आयोग के नोटिस

एह ममिला पs विरोध लगातार बढ़त जा रहल बा। राज्य महिला आयोग सांसद के नोटिस जारी कइले बा। एकरा अलावे लोकसभा अध्यक्ष से उनकर सांसद सदस्यता रद्द करे के मांग उठल बा।

Read Also: Amarnath Yatra 2026 : अमरनाथ यात्रा खातिर सुरक्षा ऑडिट सुरू, 42 हजार जवानन के तैनाती के प्रस्ताव

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-