पिकनिक मनावे ददरी फॉल गइल रहे पूरा परिवार,पानी में बह गइलें बीयर बार संचालक

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 1, 2024

दादरी फॉल (बांध) में परिवार के संगे पिकनिक मनावे गइल बीयर बार संचालक तेज धारा में बह गइल। पुलिस के मदद से बांध के गेट बंद कऽ दिहल गइल। 45 मिनट के बाद डेढ़ किलोमीटर

Share

दादरी फॉल (बांध) में परिवार के संगे पिकनिक मनावे गइल बीयर बार संचालक तेज धारा में बह गइल। पुलिस के मदद से बांध के गेट बंद कऽ दिहल गइल। 45 मिनट के बाद डेढ़ किलोमीटर दूर उनकर लाश मिलल।

वाराणसी के लहरतारा निवासी आदित्य (25) बतवले कि शनिचर के पिता अनिल रावत (55 साल) माता कलावती, बहिन सोनाली, प्रिंसी आ कुछ रिश्तेदार के संगे पिकनिक खातिर दादरी बांध पहुंचल रहले। बांध के दुनो फाटक खुलला पs बहाव तेज रहे। झरना के किनारे सब लोग नहात रहे।

नहात घरी बाप गहिरा पानी के ओर चल गइले आ तेज धार में बह गइले। कुछ समय बाद मिलला पs निजी साधन से पतेहरा पीएचसी ले आवल गइल। डॉक्टर उनका के मृत घोषित कऽ देले। थाना प्रमुख धर्मेन्द्र कुमार बतवले कि अनिल रावत के नहात घरी डूबे के चलते मौत हो गइल। बेटा के शिकायत पs लाश के हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा।

पूरा परिवार चिल्लात रह गइल 

आदित्य बतवले कि पिता के गहिरा पानी में जात देखला के बाद माई कलावती के संगे पूरा परिवार चिल्लात रहे, बाकिर पिता ना सुनले आ आगे बढ़त रहले। अचानक सबके आँख से उऽ गायब हो गइले। बाप के पानी में बहत देख माई रोवत-रोवत बेहोश हो गइली। माई आ दू गो बहिनन के बार-बार बेहोश होके गिरत देख के ओह लोग के वाराणसी भेज दिहल गइल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.