प्रयागराज में दर्दनाक हादसा: रात में लवट रहल बारातियन के कार पेड़ से टकराइल, हादसा में चार के मौत आ एक गंभीर

By Anurag Ranjan

Published on: May 4, 2025

प्रयागराज: पिपरी कोतवाली के कस्बा चायल के आगे सनीचर के रात करीब 12 बजे लवट रहल बारातियों के कार गुंगवा के बाग इ स्थित शिवरानी गेस्ट हॉउस के लगे जामुन के पेड़ से टकरा गइल।

Share

प्रयागराज: पिपरी कोतवाली के कस्बा चायल के आगे सनीचर के रात करीब 12 बजे लवट रहल बारातियों के कार गुंगवा के बाग इ स्थित शिवरानी गेस्ट हॉउस के लगे जामुन के पेड़ से टकरा गइल। हादसा में कार सवार चार लोगन के मौत हो गइल, जबकि चालक गंभीर रूप से घायल हो गइल बा।

घटना के सूचना मिलला पs मवका पs पहुंचल पुलिस घायलन के कार से निकाल के प्रयागराज के एसआरएन अस्पताल ले गइल, जहां डाक्टर जांच के बाद चार लोगन के मृत घोषित कs दिहल। पुलिस के मोताबिक कार के रफ्तार एतना तेज रहे कि टक्कर के बाद कार के परखच्चा उड़ गइल।

पूरामुफ्ती निवासी लालबहादुर पटेल के बेटा बुधराम पटेल के बियाह समारोह में सामिल होखे खातिर सनीचर रात सल्लाहपुर चौकी अंतर्गत मानिकपुर निवासी सुनील कुमार, रवि कुमार, धूमनगंज कोतवाली के बाकराबाद निवासी चंद्रबदन, बड़के कोटवा निवासी दिलीप कुमार आ बलिया निवासी एयर फोर्स कर्मी विकास कार से कस्बा चायल के आंबेडकर नगर वार्ड निवासी दौलत राम पटेल के घरे आइल रहे लो।

रात 12 बजे के करीब लवटला के दौरान गुंगवा के बाग इस्थित शिवरानी गेस्ट हॉउस के लगे कार जामुन के पेड़ से टकरा गइल। हादसा के बाद चीख-पुकार मच गइल। घटनास्थल पs पहुंची पुलिस सब घायलन के प्रयागराज के एसआरएन अस्पताल पहुंचावल, जहां डाक्टर सुनील कुमार (36) पुत्र नारायण पटेल, रवि कुमार (35) पुत्र शंभूनाथ पटेल, चंद्रबदन (42) पुत्र गुलाब आ विकास (40) के मृत घोषित कs दिहल लो। जबकि गंभीर रूप से घायल दिलीप के इलाज चल रहल बा।

Read Also:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.