Jaipur Violence : जयपुर में मस्जिद बाहर रेलिंग हटवला पs बवाल, भीड़ के पथराव से 6 पुलिसकर्मी घायल

By Shweta Supriya

Published on: Dec 26, 2025

नई दिल्ली। राजस्थान के राजधानी जयपुर से सटल चौमू इलाका में अचानक हिंसा भड़क उठल। मस्जिद के बाहर पड़ल पत्थर हटावे के सवाल पṣ दुगो समुदाय आमने-सामने आ गइल, आ देखते-देखते माहौल बिगड़ गइल। उग्र

Share

नई दिल्ली। राजस्थान के राजधानी जयपुर से सटल चौमू इलाका में अचानक हिंसा भड़क उठल। मस्जिद के बाहर पड़ल पत्थर हटावे के सवाल पṣ दुगो समुदाय आमने-सामने आ गइल, आ देखते-देखते माहौल बिगड़ गइल। उग्र भीड़ पुलिस पs पथराव कs दिहल, एह घटना में छव गो पुलिसकर्मियन के माथा फूट गइल।

जयपुर पश्चिम के डीसीपी हनुमान प्रसाद मीना बतवलें कि चौमू इलाका में मवजूद कलंदरी मस्जिद के अगल-बगल अतिक्रमण के मुद्दा के लेके बहुत दिन से विवाद चलत रहे। प्रशासन के मोताबिक, एगो पक्ष खुदे अतिक्रमण हटा लेले रहे, बाकिर कुछ लोग फेर से लोहा के एंगल आ रेलिंग लगा के ढांचा खड़ा करे के काेसिस कइलस। जब पुलिस आ नगर प्रशासन ढांचा हटावे पहुंचल, तब कुछ असामाजिक तत्व पुलिस पs पत्थर फेंक दिहल।

डीसीपी कहलें कि हालात अब नियंत्रण में बा, बाकिर पत्थरबाजी करे वाला लोगन पs सख्त कार्रवाई होई। पुलिस हर दोषी के चिह्नित कs के कानूनी कार्रवाई करे में जुटल बिया।

पुलिस पs पथराव, छव जवान जख्मी

विवाद बढ़ला के बाद भीड़ पूरा तरे उग्र हो गइल। पुलिस जब हालात शांत करावे के कोसिस कइलस, तब भीड़ सीधा पुलिस के निशाना बना लेलस। पत्थरबाजी में छव गो पुलिसकर्मी गंभीर रूप से घायल हो गइल लोग, जवना में कुछ के माथा में गहिराह चोट लागल।

10 पत्थरबाज गिरफ्तार

चौमू में फिलहाल बड़ संख्या में पुलिस फोर्स तैनात कइल गइल बा। पुलिस अब तक 10 गो पत्थरबाजन के गिरफ्तार कs लेले बिसा आ बाकी आरोपियन के तलाश जारी बा। वरिष्ठ पुलिस अधिकारी खुद मौका पs पहुंच के इस्थिति के मॉनिटर कइल लोग।

एह घटना के समय 25-26 दिसंबर के रात करीब 3 बजे बतावल जा रहल बा। जयपुर से करीब 40 किलोमीटर दूर चौमू बस स्टैंड के लगे मस्जिद के बाहर पत्थर हटावे के काम चलत रहे, एह दौरान अचानक तनाव फइल गइल। हालात काबू करे खातिर पुलिस आंसू गैस के इस्तेमालो कइलस।

इंटरनेट सेवा बंद

इस्थिति पs काबू रखे खातिर प्रशासन चौमू इलाका में 26 दिसंबर के सबेरे 7 बजे से 27 दिसंबर के सबेरे 7 बजे तक इंटरनेट सेवा अस्थायी रूप से बंद कs देलस। प्रशासन के माने के बा कि अफवाह रोके खातिर ई डेग जरूरी रहे।

पूरा मामला का बा?

मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, धार्मिक स्थल के लगे करीब 45 साल से सड़क किनारे पत्थर राखल रहे। ट्रैफिक बेवस्था सुधार खातिर प्रशासन आपसी सहमति से पत्थर हटावे के काम सुरू कइलस। काम पूरा होखला के बाद जइसही रेलिंग लगावे के काम सुरू भइल, कुछ लोग विरोध में उतर आइल। ई विरोध धीरे-धीरे हिंसा में बदल गइल, जवना के असर पूरा इलाका में देखे के मिलल।

Read Also: Yash Dayal Bail Rejected : यश दयाल के जमानत अर्जी खारिज, पॉक्सो कोर्ट के सख्ती; यौन शोषण से जुड़ल बा मामला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.