- बिहार: बिहार में कांग्रेस पार्टी के कमजोर कs रहल बाड़ें कांग्रेस प्रदेश प्रभारी; कांग्रेस विधायक प्रतिमा दास के भक्त चरण दास पs आरोप, बोलली- महिलन के उपेक्षा हो रहल बा; शिकायत करेम। दुगो महिला विधायक बाकिर दुनो से मीटिंग ना करेलें।
- बिहार: सहरसा में स्कूल में घुसके प्रिंसिपल के लात घूंसा से पिटाई; छात्रा के संगे कइलस अश्लील हरकत; शिकायत पs परिजन आ ग्रामीण पीटल लो। प्रिंसिपल जान बचाके भाग निकलल।
- उतर प्रदेश: अजय राय होइहें यूपी कांग्रेस के नया अध्यक्ष, बृजलाल खाबरी के हटावल गइल। लगातार 5 बेर विधायक रह चुकल बाड़ें।
- उत्तर प्रदेश: घोषी में सपा प्रत्याशी के नामांकन में पुलिस से झड़प; जिलाध्यक्ष के भीतर जाये से रोकल गइल तs भड़कलें, दरोगा हाथ जोड़के शांत करवलें। सपा के आरोप- जबरदस्ती रोकल गइल।
- झारखंड: डुमरी विधानसभा उपचुनाव के आखिरी दिन आज NDA प्रत्याशी यशोदा देवी आ INDIA प्रत्याशी बेबी देवी नामांकन पत्र दाखिल कइल लो। जरगनाथ महतो के निधन से खाली भइल रहे सीट।
- प्लेन के बोर्डिंग गेट पs पायलट के कार्डियक अरेस्ट, मौत: एक दिन पहिले मनोज सुब्रमण्यम तिरुवनंतपुरम-नागपुर फ्लाइट उड़वले रहस, 27 घंटा के जरूरी रेस्ट कइले रहस। अइसने एगो ममिला मियामी में।
- चंद्रयान-3 के लेंडर दुपहरिया 1:15 बजे प्रोपल्शन से अलग भइल: अब लैंडर के रफ्तार धीरे कइल जाई, 23 अगस्त के चांद पs लैंड करी। सॉफ्ट लैंडिंग खातिर चंद्रयान-3 के 90 डिग्री पs घूमे के होई।
- नेहरू मेमोरियल के नाम बदलला पs राहुल गांधी बोललें: उनकर पहचान उनकर कर्म बा, नाम ना; भाजपा कहलस- हमनी के सब पूर्व पीएम के सम्मान दे रहल बानी सs।
- मलेशिया में प्राइवेट जेट क्रैश, 10 लोगन के मौत: एयरपोर्ट के बजाय हाईवे पs करे लागल लैंड; कार आ बाइक से टकराइल। पायलट के तरफ से कवनो इमरजेंसी कॉल ना दिहल गइल रहे।
- आयरलैंड से पहिला टी-20 बिहान: बुमराह के फिटनेस आ कप्तानी के टेस्ट, डेब्यू कs सकत बाड़ें रिंकू सिंह। जायसवाल-गायकवाड ओपनिंग कs सकेला लो।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Aug 17, 2023
बिहार: बिहार में कांग्रेस पार्टी के कमजोर कs रहल बाड़ें कांग्रेस प्रदेश प्रभारी; कांग्रेस विधायक प्रतिमा दास के भक्त चरण दास पs आरोप, बोलली- महिलन के उपेक्षा हो रहल बा; शिकायत करेम। दुगो महिला विधायक
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






