- बिहार: भाजपा के चर्चित महिला विधायक रश्मि वर्मा के आपत्तिजनक तस्वीर वायरल; विधायक बोलली- फोटो एडिट कs के बदनाम करे के साजिश, साइबर सेल में कंप्लेन कs रहल बानी।
- बिहार: तेजप्रताप के दावा – बीजेपी के कइयन नेता संपर्क में; बोललें- 2024 में भाजपा हो जाई खत्म, एल्विश के जीत पs कहलें- कृष्ण के वंशज विनर होला।
- उत्तर प्रदेश: घोसी विधानसभा सीट पs दारा सिंह भरलें नामांकन; बोललें- जनता के उत्साह देख के लाग रहल बा इहवां कमले खिली। डिप्टी सीएम बृजेश पाठक के जनता से अपील दारा सिंह के ऐतिहासिक जीत दिलाई सभे।
- उत्तर प्रदेश: सुभासपा के प्रदेश महासचिव गांजा तस्करी के आरोप में गिरफ्तार; ओपी राजभर के हs करीबी, अंबेडकरनगर में पुलिस छापा मारके दु तस्करन के पकड़लस। 7 किलो गांजा भइल बा बरामद।
- झारखंड: प्रेस कॉन्फ्रेंस में भाजपा लहरवलस कागजात; बाबूलाल मरांडी बोललें- भ्रष्ट बाड़ें हेमंत सोरेन, फर्जी नाम से किनले जमीन, बाबूजी के नाम शिबू से शिव कs देलें।
- कैबिनेट के फैसला- 10 हजार e-bus चलाई केंद्र: 3 लाख से जादे आबादी वाला 100 शहर कवर होई, कामगारन के एक लाख के लोन मिली। 32,500 करोड़ के 7 रेल परियोजनन के मंजूरी।
- 76 साल में सोना 89 रुपिया से 59 हजार पs पहुंचल: देस में हर साल 800 टन सोना के डिमांड, उत्पादन मात्र 1 टन। धरती से अब तक निकालल जा चूकल बा 2 लाख टन सोना।
- पूर्व पीएम अटल बिहारी वाजपेयी के पांचवां पुण्यतिथि: राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू, पीएम मोदी आ गृहमंत्री अमित शाह श्रद्धांजलि दिहल लो। PM बोललें- देस के 21वीं सदी में ले जाये में उनकर अहम भूमिका।
- पाकिस्तान में भीड़ 3 चर्च आ इसाईयन के घर जरावलस: ईशनिंदा के शक होखला के बाद कट्टरपंथी बेकाबू भइलें सs। सरकार आ फौज चुप्पी सधलस।
- विश्वकप खातिर रिटायरमेंट से वापस लवटलें बेन स्टोक्स: न्यूजीलैंड दौरा खातिर इंग्लिश टीम में सामिल। पिछिला विश्वकप के फाइनल के प्लेयर ऑफ द मैच हवे बेन स्टोक्स।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Aug 16, 2023
बिहार: भाजपा के चर्चित महिला विधायक रश्मि वर्मा के आपत्तिजनक तस्वीर वायरल; विधायक बोलली- फोटो एडिट कs के बदनाम करे के साजिश, साइबर सेल में कंप्लेन कs रहल बानी। बिहार: तेजप्रताप के दावा – बीजेपी
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






