सांझ के 10 बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 8, 2023

बिहार: बेऊर जेल में रहिहें मनीष कश्यप; कोर्ट से निकलत घरी आंख से छलकल लोर, पटना सिविल कोर्ट में EOU के दु केस में भइल सुनवाई। सोमार के तमिलनाडु से बेतिया ले आइल रहे पुलिस।

Share

  1. बिहार: बेऊर जेल में रहिहें मनीष कश्यप; कोर्ट से निकलत घरी आंख से छलकल लोर, पटना सिविल कोर्ट में EOU के दु केस में भइल सुनवाई। सोमार के तमिलनाडु से बेतिया ले आइल रहे पुलिस।
  2. बिहार: धीरेंद्र शास्त्री पs बिहार से लेके MP तक राजनीति गरमाइल; कमलनाथ के आरती उतरला पs भडकलें शिवानंद, MP के गृहमंत्री बोललें- हाईकमान के स्पष्टीकरण मांगे के चाहीं। कमलनाथ कह चुकल बाड़ें- हमरा फरक ना पड़ेला।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी के कुख्यात सुंदर भाटी के 3.5 करोड़ के सम्पत्ति कुर्क; ग्रेटर नोएडा पुलिस दिल्ली गार्डन वाला कोठी के कब्जा में लेलस, 5 जून के भेजल गइल रहे आदेस पत्र।
  4. उत्तर प्रदेश: घोषी सीट पs उपचुनाव घोषित, सपा विधायक दारा सिंह के इस्तीफा से खाली भइल रहे सीट। 5 सितंबर के मतदान आ 8 सितंबर के होई काउंटिंग।
  5. झारखंड: सीएम हेमंत सोरेन के जमीन घोटाला ममिला में ED के नोटिस; पूछताछ खातिर 14 अगस्त के बोलवलस, एकरा पहिले खनन घोटाला में भइल रहे पूछताछ।
  6. अविश्वास प्रस्ताव के सुरुआत, कांग्रेस बोलल- पीएम के मौनव्रत तुरेम सs: भाजपा के जवाब- सोनिया के एजेंडा बेटा के सेट कइल, दामाद के भेंट कइल। राहुल गांधी के अविश्वास प्रस्ताव पs बहस सुरू ना कइला पs भाजपा चुटकी लेलस।
  7. राहुल गांधी के पुरनका सरकारी बंगला वापस मिलल: हाउसिंग कमेटी अलॉट कइलस 12 तुगलक लेन बंगला, राहुल बोललें- हमार पूरा घर हिंदुस्तान। 2005 में पहिला बेर अलॉट भइल रहे 12 तुगलक लेन बंगला।
  8. मणिपुर हिंसा में असम राइफल्स के जवानन पs FIR: आरोप- हत्या के ममिला में गिरफ्तारी ना करे देलस लो आ पुलिस के रास्ता रोकल लो। मणिपुर के ट्राइबल लीडर्स IB डायरेक्टर से मिलल लो, अमित शाह से मीटिंग टलल।
  9. जर्मनी में मिलल दूसरा विश्व युद्ध के बम: वजन- 500 किलो,13 हजार लोगन के हटावल गइल; बॉम्ब स्क्वाड बम निष्क्रिय करे में जुटल।
  10. एशियाड में ना चुनल गइला पs ओलंपियन दीपा बोलली- प्रैक्टिस जारी: ट्रायल में नंबर वन रहली, कोच के बयान- मवजूदा फार्म ना, पूरान रिकॉर्ड देखल गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.