- बिहार: कटिहार में पत्नी, बेटा-बेटी के गर रेतके हत्या; बगल के कमरा में सुतल दुसरका पत्नी के भनक तक ना, मोहर्रम जुलूस में गइल रहे पति। घरे लवटला पs खून से लथपथ मिलल शव।
- बिहार: ताजिया के पूजा करत लउकली राबड़ी देवी.. बीजेपी बोलल- बुर्का पहिन लीं; पूर्व सीएम ताजिया के धोवली, चढ़ावा चढ़वली; कुर्सी पs बइठल दिखलें लालू यादव।
- उत्तर प्रदेश: यूपी के पर्यटन मंत्री जयवीर सिंह के गाड़ी के कटल 1100 रुपिया के चालान; विधानसभा के नो पार्किंग में खड़ा रहे कार, देखते गाड़ी उठा ले गइल ट्रैफिक पुलिस।
- उत्तर प्रदेश: नूंह हिंसा के विरोध में गोरखपुर में प्रदर्शन: विश्व हिंदू परिषद फूंकलस जिहादियन के पुतला, दंगाइयन के घर पs बुलडोजर चलावे के मांग।
- झारखंड: पांच दिन के रिमांड पs कारोबारी विष्णु अग्रवाल; ईडी कोर्ट में कहलस, पूछताछ में सामने आई कइयन गो बड़ राज, सात दिनन के मंगले रहे रिमांड। जमीन घोटाला में तीसरा गिरफ्तारी के बाद ईडी के कोसिस राज खोले के।
- लोकसभा में लगातार हंगामा से स्पीकर ओम बिड़ला नाराज: आज स्पीकर के कुर्सी पs ना बइठलें, मणिपुर ममिला पs राष्ट्रपति से मिलल लो I.N.D.I.A के सदस्य। संसद के आज के कार्यवाही आंध्र प्रदेश के राजमपेट से सांसद पीवी मिधुन रेड्डी संभरलें।
- मानहानि केस में राहुल सुप्रीम कोर्ट में जवाब दाखिल कइलें: कहलें- कानूनी प्रक्रिया के दुरुपयोग भइल; हमरा के आहंकारी कहल सही ना। राहुल गांधी के वकील जल्दी सुनवाई के मांग कइलें।
- आर्ट डायरेक्टर नितिन देसाई अपना स्टूडियो में फांसी लगवलें: देवदास, जोधा-अकबर के सेट डिजाइन कइलें रहस, 4 नेशनल अवार्ड जीतले रहस। 250 करोड़ के करजा में होखे के बात आ रहल बा सामने।
- ब्रिक्स समिट खातिर अफ्रीका ना जइहें मोदी: वर्चुअली हिस्सा ले सकत बाड़ें, रूस के राष्ट्रपति पुतिनो सामिल ना होइहें।
- बीसीसीआई मीडिया राइट्स के रेस में गूगल-अमेजन: 15 लाख रुपिया के टेंडर डॉक्यूमेंट जारी; 6 हजार करोड़ में 5 साल खातिर डील संभव। ई-नीलामी होखे के बा संभावना। आईपीएल खातिर बोली लगा चुकल बा अमेजन-गूगल।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Aug 2, 2023
बिहार: कटिहार में पत्नी, बेटा-बेटी के गर रेतके हत्या; बगल के कमरा में सुतल दुसरका पत्नी के भनक तक ना, मोहर्रम जुलूस में गइल रहे पति। घरे लवटला पs खून से लथपथ मिलल शव। बिहार:
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






