- बिहार: लालू परिवार के 6 करोड़ के संपत्ति अटैच: लैंड फॉर जॉब ममिला में ईडी के कार्रवाई, बिहार गजियाबाद में बा ई प्रॉपर्टी। लैंड फॉर जॉब ममिला में नया केस दाखिल करे के बाद फ्रेश चार्जशीट।
- बिहार: सड़क किनारे पड़ल रहे ट्रॉली बैग… खोलला पs निकलल लाश; सीवान में जमीन कारोबारी के हत्या, बेटा बोलल- दु लोगन के संगे बाइक पs निकलल रहस।
- उत्तर प्रदेश: योगी बोललें- ज्ञानवापी के मस्जिद कहल जाई तs विवाद होई; पूछलें- त्रिशूल मस्जिद के भीतर का कर रहल बा, मुस्लिम समाज आगे आके कहे- ई ऐतिहासिक गलती। देस संविधान से चली, मत आ मजहब से ना।
- उत्तर प्रदेश: यूपी में दर्दनाक हादसा: फतेहपुर में ट्रक कार के मरलस टक्कर, दुगो महिला समेत पांच लोगन के मौत, चालक के तलाश जारी। ट्रक के थाना में खड़ा करावल गइल बा।
- झारखंड: झारखंड विधनसभा के मानसून सत्र; 11988 करोड़ के अनुपूरुक बजट पेश, एक अगस्त तक खातिर सदन स्थगित। सदन में राज्य के कानून बेवस्था पs बात नइखे कइल चाहत सरकार- बाबूलाल मरांडी।
- हरियाणा में विश्व हिंदू परिषद के ब्रजमंडल यात्रा पs पथराव: 40 गाड़ियन के फूंकल गइल; नुहूं जिला के सीमा सील, इंटरनेट बंद, धारा 144 लागू। मंदिरन में तोड़फोड़।
- मणिपुर वायरल वीडियो केस- पीड़ित CBI जांच के खिलाफ: केंद्र कहलस- सुप्रीम कोर्ट के निगरानी में इन्वेस्टिगेशन होखे तs हमनी के ऐतराज नइखे।
- एयर एशिया बेंगलुरु के स्टेशन मैनेजर जिको सोआरोस के एक महीना खातिर सस्पेंड कइलस, राज्यपाल थावरचंद गहलोत के बिना लेले रवाना हो गइल रहे फ्लाइट।
- इजराइल के घरेलू ममिलन में दखलंदाजी बर्दाश्त ना होई: US के नाम लेले बिना नेतन्याहू बोललें- हमनी के कबो दूसरा देसन पs कॉमेंट नइखी कइलें सs, रउओ लोग दूर रहीं। हर दिन केहू ना केहू सलाह देवेला।
- हॉकी में विमेंस टीम ट्राई सीरीज के गोल्ड जीतलस: मेजबान स्पेन के 3-0 से हरवलस; मेंस टीम के प्रो-लीग में ब्रॉन्ज मेडल। अब दुनो टीम ली एशियन गेम्स में हिस्सा।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jul 31, 2023
बिहार: लालू परिवार के 6 करोड़ के संपत्ति अटैच: लैंड फॉर जॉब ममिला में ईडी के कार्रवाई, बिहार गजियाबाद में बा ई प्रॉपर्टी। लैंड फॉर जॉब ममिला में नया केस दाखिल करे के बाद फ्रेश
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






