Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

179
  1. बिहार: सीएम नितीश कुमार से तेजस्वी यादव के मुलाकात, जातीय जनगणना के लेके बिहार में फेर गरमाइल सियासत।
  2. बिहार: BPSC पेपर लीक के बाद एजगम के लेके CBSE सतर्क, बिहार में कड़ा निगरानी के बीचे होई 10वीं आ 12वीं के परीक्षा।
  3. उत्तर प्रदेश: मिशन रोजगार के लेके सीएम योगी गंभीर, सरकारी नौकरियन के भर्ती प्रक्रिया के पूरा कs के  100 दिन में मंगले रिपोर्ट।
  4. उत्तर प्रदेश: CBI के बड़ कारवाई, 45 करोड़ के धोखाधड़ी के आरोपी अशोक पाठक गिरफ्तार।
  5. झारखंड: IAS पूजा सिंघल गिरफ्तार… दु दिन से ईडी करत रहे पूछताछ।
  6. सुप्रीम कोर्ट के आदेस: राष्ट्रद्रोह के धारा 124 ए पs रोक, कवनो नाया केस दर्ज ना होई, जेल में बन लोग मांग सकी जमानत।
  7. पोखरण परमाणु वर्षगांठ: PM मोदी देश के वैज्ञानिकन के कइले सलमान, वाजपेयी जी खातिर बोलले, एचएम अटल जी के कुशल निर्तेत्व के आजो इयाद करेनी।
  8. शिमला: पूर्व केंद्रीय मंत्री पंडित सुखराम के निधन, दिल्ली एम्स में रहस भरती। 5 बेर विधानसभा आ 3 बेर लोकसभा के जीतले रहस चुनाव।
  9. राजस्थान: पांच दिन बाद फेर सुलगल भीलवाड़ा, सांप्रदायिक तनाव के बाद आज बाजार बंद, इंटरनेट सेवा बंद।
  10. आईपीएल: आज दिल्ली आ राजस्थान के बीचे प्लेऑफ के लड़ाई।
250100cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.