- बिहार: छपरा के मेयर राखी गुप्ता बर्खास्त; तीन लईकन के चक्कर में गइल कुर्सी, राज्य निर्वाचन आयोग सुनवलस फैसला। दिसंबर 2022 में जीतले रहली मेयर के चुनाव। खाली एक भा दू लईका के माई-बाबूजी के चुनाव लड़े के बा प्रावधान।
- बिहार: मणिपुर घटना के लेके प्रवक्ता विनोद शर्मा छोड़लें बीजेपी; इस्तीफा के लगवलें पोस्टर, लिखलें- पीएम मोदी जिम्मेदार; अइसन निर्तेत्व के संगे काम नइखी कs सकत। 2019 में कांग्रेस पार्टी के सर्जिकल स्ट्राइक पs सवाल उठवला के चलते छोड़ देले रहस पार्टी।
- उत्तर प्रदेश: ज्ञानपवापी सर्वे पs फिलहाल रोक रही; 3 अगस्त के आई हाईकोर्ट के फैसला, जज पूछलें- ASI के कानूनी पहचान का बा? ASI के अपर निदेशक कहलें रहस- अनुमति मिलल तs 31 अगस्त तक हो जाई सर्वे।
- उत्तर प्रदेश: NDA के हिस्सा बन सकत बा महान दल; राष्ट्रीय अध्यक्ष केशव देव मौर्य देलें संकेत, बसपा के समर्थन देलें, बाकिर कवनो जवाब ना मिलल।
- झारखंड: माकपा नेता सुभाष मुंडा हत्याकांड के होई जांच; पुलिस मुख्यालय भइल सख्त, सिटी एसपी के निर्तेत्व में टीम भइल गठित। शव रख के आदिवासी संगठन आ समर्थक कइले रहे लो रोड जाम।
- ED डायरेक्टर के कार्यकाल 15 सितंबर तक बढ़ल: SC सरकार से कहलस- एकरा से आगे ना बढ़ी, का विभाग में केहू आउर सक्षम नइखे? 18 नवंबर 2023 के रिटायर होखे के रहे। केंद्र अध्यादेश के माध्यम से तीसरा बेर बढ़वले रहे कार्यकाल।
- I.N.D.I.A अलायंस के सांसद 29-30 जुलाई के मणिपुर जाई लो: थोरबंग आ कांंगवे में सबेरे से हिंसा जारी; फायरिंग आ बमबाजी हो रहल बा। मणिपुर के सीएम मिजोरम में कुकी समर्थक रैली से नाराज। हिंसा के बाद 13 हजार कुकी मिजोरम पहुंचल लो।
- पीएम किसान निधि के 14वां किस्त जारी: प्रधानमंत्री मोदी 8 करोड़ से जादे किसानन के खातन में ट्रांसफर कइलें 17 हजार करोड़ रुपिया। पीएम किसान निधि के तहत हर साल मिलेला 6 हजार रुपिया।
- नीदरलैंड में जहाज पs आग लागल, एगो भारतीय के मौत: 20 घायल, शिप पs रहे 3 हजार कार, आग बुझावे में जहाज के डूबला के बा खतरा। भारतीय दूतावास कहलस- मृतक के पार्थिव देह के जल्दिये वापस ले आवल जाई।
- भारत-वेस्टइंडीज पहिला वनडे आज: भारत टॉस जीतके गेंदबाजी चुनलस, मुकेश कुमार के डेब्यू कैप मिलल। भारत के लगे लगातार 13वां बेर सीरीज जीते के बा मवका।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jul 27, 2023
बिहार: छपरा के मेयर राखी गुप्ता बर्खास्त; तीन लईकन के चक्कर में गइल कुर्सी, राज्य निर्वाचन आयोग सुनवलस फैसला। दिसंबर 2022 में जीतले रहली मेयर के चुनाव। खाली एक भा दू लईका के माई-बाबूजी के
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






