- बिहार: जबतक जिंदा बानी, हाजीपुर से चुनाव लड़ेंम: केंद्रीय मंत्री पशुपति पारस बोललें- चिराग गोड़ छूवलें तs लोगन के गलतफहमी हो गइल। हमार दल अलग, उनकर दल अलग। नित्यानंद राय हमनी के मिलवावल चाहत रहलें, हम माना कs दिहनी।
- बिहार: पत्नी के बर्थडे पs डिप्टी सीएम तेजस्वी के रोमांटिक पोस्ट; फोटो शेयर कs के लिखलें- पूरा दुनिया में रउआ हमार फेवरेट; हम लकी जे रउआ हमरा के चुननी। लालू राबड़ी मनावल लो पतोह के जन्मदिन।
- उत्तर प्रदेश: गोरखपुर विश्वविद्यालय में भइल बवाल में 22 पs नामजद FIR, 8 अरेस्ट; ABVP कार्यकर्ता कुलपति के दउरा दउरा के पीटले रहे लो, संगही रजिस्ट्रार आ पुलिसवालन से भइल रहे मारपीट।
- उत्तर प्रदेश: सीमा के तबियत बिगड़ल, डिहाइड्रेशन के शिकायत; राष्ट्रपति के भेजल दया याचिका में हीर-रांझा आ लैला-मजनू के हवाला। सीमा हैदर ममिला के यूपी ATS कs रहल बिया जांच।
- झारखंड: झारखंड में सीएम योजना के भइल सुरूआत; पहिला चरण में 80 प्रखंडन में सुरू भइल बिरसा प्रशिक्षण केंद्र, प्रोत्साहन आ परिवहन भत्ता मिली।
- तेलंगाना के किसान टमाटर बेंचके करोड़पति बनल: एक महीना में 1.8 करोड़ कमइलस, 10वीं में फेल भइला पs खेती सुरू कइलें रहस।
- मणिपुर वायरल केस में 5वां गिरफ्तारी: चुराचांदपुर में 5000 कुकी महिला लोगन के प्रर्दशन, निर्वस्त्र कइल गइल एगो महिला के पति कारगिल युद्ध लड़ल बाड़ें। कहलें- हम कारगिल युद्ध में देस के दुश्मन से बचवनी, बाकिर दंगाइयन से आपन पत्नी के इज्जत ना बचा सकनी।
- प्रधानमंत्री मोदी 70 हजार लोगन के नियुक्ति पत्र बटलें: कांग्रेस के नाम लेले बिना बोललें- ई लोग फोन बैंकिंग घोटाला कइल, अपनन के लोन दिहल लो। 8 महीना में 4.33 लाख लोगन के मिलल- ज्वाइनिंग लेटर।
- अमेरिकी संसद में देखावल गइल बाइडेन के बेटा के निजी तस्वीर: रिपब्लिकन पार्टी महिलन के तस्करी पs घेरलस; डेमोक्रेट्स कारवाई के मांग कइल लो। हंटर बाइडेन के पुरान लैपटॉप से हासिल भइल बा तस्वीर।
- कोरिया ओपन बैडमिंटन में सात्विक-चिराग के जोड़ी फाइनल में: डिफेंडिंग चैंपियन के सीधे गेमन में हरावल लो; वर्ल्ड नंबर 2 चाइनीज जोड़ी वेई-चेंग के खिलाफ पहिला जीत।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jul 22, 2023
बिहार: जबतक जिंदा बानी, हाजीपुर से चुनाव लड़ेंम: केंद्रीय मंत्री पशुपति पारस बोललें- चिराग गोड़ छूवलें तs लोगन के गलतफहमी हो गइल। हमार दल अलग, उनकर दल अलग। नित्यानंद राय हमनी के मिलवावल चाहत रहलें,
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






