- बिहार: आरा के मिलल मॉडल अस्पताल, संगही PICU भवन के उद्घाटन; रेफर करे से पहिले देवे के होई जवाब, डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव घूमके सबकुछ देखलें। तेजस्वी कहलें- आरा में भइल बेहतर काम।
- बिहार: हाजीपुर-जमुई लोकसभा सीट पs ना होई कवनो समझौता; कैमूर में LJPR नेता सत्यानंद शर्मा बोललें- 2025 में चिराग पासवान के मुख्यमंत्री बनावे के बा मिशन।
- उत्तर प्रदेश: सीएम योगी आदित्यनाथ से ओम प्रकाश राजभर कइलें मुलाकात, भर/राजभर जाति के अनुसूचित जनजाति में सामिल करे के लेके भइल चरचा।
- उत्तर प्रदेश: आरिफ बोलल- मोहब्बत में लोग पाकिस्तान से आ रहल बा; इहां सारस से नइखे मिले दिहल जात, रोवत-रोवत कहलस- अब घुटन हो रहल बा; दोस्त खातिर कोर्ट जायेम।
- झारखंड: 17 अगस्त के होई प्रदीप यादव ममिला में सुनवाई; महिला के संगे यौन शौषण ममिला, हाइकोर्ट दुमका में एमपी-एमएलए कोर्ट में चल रहल सुनवाई पs रोक बरकरार रखलस।
- स्पेस में तीन लोगन के भेजे के तइयारी में इसरो; लॉन्च कs के वापस ले आवल जाई, समुद्र में होई लैंडिंग, गगनयान खातिर टेस्टिंग सफल। अगस्त में लॉन्च होई पहिला गगनयान मिशन।
- बृजभूषण के शर्तन के संगे रेगुलर बेल मिलल: बिना परमिशन देस ना छोड़ सकिहें, गवाहन के प्रभावित ना करे के निरदेस।
- मणिपुर में 2 महिलन के निर्वस्त्र घुमावल गइल, एगो गिरफ्तार: सुप्रीम कोर्ट बोलल- सरकार डेग उठावे, ना तs हमनी के एक्शन लेहब जा; चुराचंदपुर में प्रर्दशन सुरू। प्रधानमंत्री मोदी बोललें- हमार दिल पीड़ा आ मन क्रोध से भरल बा।
- भारत-अमेरिका मिल के बनाई लमहर दूरी तक वार करे वाला तोप: अमेरिकी अधिकारी कहलें- ई चीन के काउंटर करे में बढ़ाई सेना के ताकत।
- इण्डिया बनाम वेस्टइंडीज दुसरका टेस्ट: वेस्टइंडीज टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी के फैसला लेलस, भारत खातिर मुकेश कुमार करिहें डेब्यू। दुनो टीमन के बीच 100 मुकाबला, विराट के 500वां इंटरनेशनल मैच।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jul 20, 2023
बिहार: आरा के मिलल मॉडल अस्पताल, संगही PICU भवन के उद्घाटन; रेफर करे से पहिले देवे के होई जवाब, डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव घूमके सबकुछ देखलें। तेजस्वी कहलें- आरा में भइल बेहतर काम। बिहार: हाजीपुर-जमुई
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






