- बिहार: बिहार के सारण के रीत जीतली मिस इको टीन इंडिया खिताब 2023; ई खिताब जीते वाली पहिला बिहारी, अब मिस्त्र में करिहें भारत के प्रजेंट। स्टार प्रोडक्शन कइले रहे प्रतियोगिता के आयोजन।
- बिहार: राजगीर पहुंचलें सीएम नीतीश कुमार.. सरस्वती कुंड के उद्घाटन कइलें; कहलें- इहां आवे के इक्षा रहे, एहिसे विपक्षी एकता के मीटिंग से जल्दी निकल गइनी। सीएम बोललें- नाराजगी नइखे अभी कइयन लोग साथे आई।
- उत्तर प्रदेश: ‘ NDA आ I.N.D.I.A दुनो के संगे हम नइखी’; मायावती के ऐला- अकेले चुनाव लड़ल जाई। सत्तापक्ष के मात देवे के प्लानिंग में बसपा पीछे नइखे।
- उत्तर प्रदेश: यूपी के 3 IAS अधिकारियन के ट्रांसफर; नोएडा प्राधिकरण के CEO बनलें लोकेश एम, रितु माहेश्वरी आगरा के कमिश्नर बनलीं।
- झारखंड: झारखंड के 24 डीएसपी बनल लो आईपीएस: सरोजनी लकड़ा आ एमेल्डा एक्का खेल में प्रतिभा देखा सिपाही से बनल लो आईपीएस, नोटिफिकेशन जारी।
- सियाचिन ग्लेशियर में आग लगला से आर्मी अफसर शहीद: 3 जवान झुलसल लो, चंडीगढ़ ले आवल गइल; हाथियारन के बंकर में शॉर्ट सर्किट से भइल हादसा।
- तीस्ता सीतलवाड़ के सुप्रीम कोर्ट से रेगुलर बेल: गवाहन के प्रभावित ना करे के निरदेस; फौरन सरेंडर करे के गुजरात हाईकोर्ट के आदेस रद्द। गुजरात दंगन के ममिला में फर्जी दस्तावेज बना के साजिश रचे के बा ममिला।
- उत्तराखंड के नमामि गंगे प्रोजेक्ट में करंट, 15 के मौत: सीवर ट्रीटमेंट प्लांट में मवजूद 22 लोग चपेट में आइल, घायलन के एयरलिफ्ट कs के AIIMS ले जाइल गइल। सीएम पुष्कर सिंह धामी आर्थिक मदद के ऐलान कइलें।
- ब्रिक्स समिट में सामिल ना होखिहें पुतिन: रूस के फॉरेन मिनिस्टर अटेंड करिहें मीटिंग; रूसी राष्ट्रपति के गिरफ्तारी के आशंका रहे।
- ट्रायल में बजरंग-विनेश के छूट के खिलाफ हाईकोर्ट पहुंचल लो पहलवान: अंतिम पंघाल आ सुजीत एडहॉक कमिटी के फैसला के खिलाफ चैलेंज कइल लो।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jul 19, 2023
बिहार: बिहार के सारण के रीत जीतली मिस इको टीन इंडिया खिताब 2023; ई खिताब जीते वाली पहिला बिहारी, अब मिस्त्र में करिहें भारत के प्रजेंट। स्टार प्रोडक्शन कइले रहे प्रतियोगिता के आयोजन। बिहार: राजगीर
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






