- बिहार: ‘बिहार में ना होई महाराष्ट्र वाला सियासी उलटफेर’; पीके बोललें- 2024 के बाद मची भगदड़, विपक्षी एकता के बैठक में नैरेटिव के बतवलें मिसिंग।
- बिहार: NDA में सामिल होइहें कुशवाहा, बैठक के मिलल न्यौता; बोललें- विपक्ष पटना में दूल्हा तय कs लेले बा, पीएम मोदी के टक्कर देवे वाला केहू नइखे लउकत।
- उत्तर प्रदेश: 20 महीना बाद दारा सिंह के बीजेपी में घर वापसी’; बीजेपी ज्वॉइन कs के कहलें- दुनिया में कवनो ताकत मोदी के पीएम बने से नइखे रोक सकत। देस के राजनीति के समझे वाला हवे दारा सिंह: डिप्टी सीएम केशव मौर्य
- उत्तर प्रदेश: यूपी एटीएस के हिरासत में सीमा हैदर; चाचा आ भाई पाकिस्तानी सेना में, सीक्रेट लोकेशन पs पूछताछ; घर के सुरक्षा बढ़ावल गइल। पाक खुफिया एजेंसी आईएसआई से कनेक्शन के बा शक।
- झारखंड: बेंगलुरु खातिर रवाना भइलें मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन; विपक्षी दलन के अहम बैठक में करिहें शिरकत, कांग्रेस के रात्रिभोज में सामिल होई लो कइयन गो दिग्गज नेता।
- आगरा में ताजमहल तक पहुंचल यमुना के पानी: दिल्ली के बाद मथुरा में नदी उफान पs, 52 घर डूबल; कुल्लू में बादल फटल एक के मौत।
- विपक्षी एकता बैठक, 26 पार्टियन के नेता पहुंचल लो: सोनिया आज सांझ डिनर होस्ट करिहें; भाजपा अध्यक्ष नड्डा बोललें- NDA के काल्ह के मीटिंग में 38 दल आई।
- चंद्रयान-3 एगो आउर ऑर्बिट ऊपर गइल: अगिला तीन कोसिसन में चांद के कक्षा में पहुंच जाई, इसरो कहलस- स्पेसक्राफ्ट सही कंडीशन में बा।
- 25 जून के बाद ना लउकलें चीन के फॉरेन मिनिस्टर गेंग: टीवी एंकर से अफेयर के वजह से हटावल गइला के कयास, दिसंबर में संभरले रहस पद।
- राहुल द्रविड आयरलैंड दौरा पs ना जइहें, लक्ष्मण कोच होइहें: एशिया कप-वर्ल्ड कप के तइयारी खातिर बैटिंग आ बॉलिंग कोच के रेस्ट। बुमराह खेल सकत बाड़ें आयरलैंड टी-20।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jul 17, 2023
बिहार: ‘बिहार में ना होई महाराष्ट्र वाला सियासी उलटफेर’; पीके बोललें- 2024 के बाद मची भगदड़, विपक्षी एकता के बैठक में नैरेटिव के बतवलें मिसिंग। बिहार: NDA में सामिल होइहें कुशवाहा, बैठक के मिलल न्यौता;
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






