Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

652
  1. बिहार: ‘बिहार में ना होई महाराष्ट्र वाला सियासी उलटफेर’; पीके बोललें- 2024 के बाद मची भगदड़, विपक्षी एकता के बैठक में नैरेटिव के बतवलें मिसिंग।
  2. बिहार: NDA में सामिल होइहें कुशवाहा, बैठक के मिलल न्यौता; बोललें- विपक्ष पटना में दूल्हा तय कs लेले बा, पीएम मोदी के टक्कर देवे वाला केहू नइखे लउकत।
  3. उत्तर प्रदेश: 20 महीना बाद दारा सिंह के बीजेपी में घर वापसी’; बीजेपी ज्वॉइन कs के कहलें- दुनिया में कवनो ताकत मोदी के पीएम बने से नइखे रोक सकत। देस के राजनीति के समझे वाला हवे दारा सिंह: डिप्टी सीएम केशव मौर्य
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी एटीएस के हिरासत में सीमा हैदर; चाचा आ भाई पाकिस्तानी सेना में, सीक्रेट लोकेशन पs पूछताछ; घर के सुरक्षा बढ़ावल गइल। पाक खुफिया एजेंसी आईएसआई से कनेक्शन के बा शक।
  5. झारखंड: बेंगलुरु खातिर रवाना भइलें मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन; विपक्षी दलन के अहम बैठक में करिहें शिरकत, कांग्रेस के रात्रिभोज में सामिल होई लो कइयन गो दिग्गज नेता।
  6. आगरा में ताजमहल तक पहुंचल यमुना के पानी: दिल्ली के बाद मथुरा में नदी उफान पs, 52 घर डूबल; कुल्लू में बादल फटल एक के मौत।
  7. विपक्षी एकता बैठक, 26 पार्टियन के नेता पहुंचल लो: सोनिया आज सांझ डिनर होस्ट करिहें; भाजपा अध्यक्ष नड्डा बोललें- NDA के काल्ह के मीटिंग में 38 दल आई।
  8. चंद्रयान-3 एगो आउर ऑर्बिट ऊपर गइल: अगिला तीन कोसिसन में चांद के कक्षा में पहुंच जाई, इसरो कहलस- स्पेसक्राफ्ट सही कंडीशन में बा।
  9. 25 जून के बाद ना लउकलें चीन के फॉरेन मिनिस्टर गेंग: टीवी एंकर से अफेयर के वजह से हटावल गइला के कयास, दिसंबर में संभरले रहस पद।
  10. राहुल द्रविड आयरलैंड दौरा पs ना जइहें, लक्ष्मण कोच होइहें: एशिया कप-वर्ल्ड कप के तइयारी खातिर बैटिंग आ बॉलिंग कोच के रेस्ट। बुमराह खेल सकत बाड़ें आयरलैंड टी-20।
601940cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.